भाजपा विधायक प 50 लाख के रंगदारी मांगे के आरोप, मामला दर्ज

भाजपा विधायक योगेश तिलेकर

भाजपा विधायक योगेश तिलेकर

भ्रष्टाचार अऊरी दबंगई से जुडल एगो मामला में एगो निजी कंपनी के प्रबन्धक एगो भाजपा विधायक प 50 लाख रुपया मांगे के आरोप लगवले। प्रबंधक कहले कि उनुकर कंपनी ऑप्टिकल फाइबर बिछावे के काम करेले अऊरी भाजपा विधायक सरकार से ऑप्टिकल फाइबर बिछावे के अनुमति देवे के बदला कंपनी से 50 लाख रुपया के रंगदारी के मांग कईले।

इविजिन इन्फ्रा प्राइवेट लिमिटेड के एरिया मैनेजर रवींद्र बरहटे के शिकायत प महाराष्ट्र के पुणे में रंगदारी के एगो मामला दर्ज भईल बा। पुणे के हड़पसर थाना में दर्ज मामला में रवींद्र बरहटे के ओर से भाजपा विधायक योगेश तिलेकर, उनुकर भाई चेतन तिलेकर आ साथी गणेश कामठे प कंपनी के प्रबंध निदेशक से 50 लाख रुपया के रंगदारी मांगे के आरोप लगावल बा।

प्राथमिकी दर्ज होखला प भाजपा विधायक कहले कि समूचा मामला राजनीति से प्रेरित बा। उ कहले कि राजनीतिक विरोधी उनुकर आ उनुका पार्टी के छवि खराब करे खाती अयीसन मामला दर्ज करवले बाड़े।

भाजपा विधायक कहले कि उ अपना 22 साल के राजनीतिक जीवन में अयीसन कवनो काम नईखन कईले, लेकिन कुछ लोग 2019 के लोकसभा आ विधानसभा चुनाव से पहिले उनुकर छवि खराब करे के साजिश रचतारे।

टाइम्स ऑफ इंडिया के एगो रिपोर्ट के मुताबिक योगेश तिलेकर कहले, "हम पार्षद से लेके विधायक तक के अपना सफर में अपना क्षेत्र खाती विकास के बहुत काम कईले बानी ... हम कवनो आदमी से आज तक एको रुपया नईखी मंगले। हम चाहतानी कि पुलिस ए मामला के गहराई से जांच करे अऊरी ए मामला के पीछा जावना लोग के हाथ होखे ओ लोग के सोझा ले आवे।"

ओने पुणे पुलिस के कहनाम बा कि शिकायत के आधार प प्रथिमिकी दर्ज क लिहल बा अऊरी जांच कईल जाता। जांच में जवन जानकारी मिली ओकरा आधार प आगे के कार्रवाई कईल जाई।

  • Share on:
Loading...