एमजे अकबर मंत्री पद से इस्तीफा देले?

एमजे अकबर मंत्री पद से इस्तीफा देले?

यौन शोषण के आरोप में घेराईल मोदी सरकार में विदेश राज्य मंत्री एमजे अकबर अपना पद से इस्तीफा दे देले। अकबर से दर्जन भर से अधिका महिला यौन शोषण के आरोप लगवले बाड़ी।

कुछ मीडिया रिपोर्ट में सूत्र के हवाला से दावा कईल जाता कि एमजे अकबर ईमेल से आपन इस्तीफा भेज देले बाड़े। हालांकि ए खबर के अभी तक आधिकारिक पुष्टि नईखे भईल। रिपोर्ट में सूत्र के हवाला से दावा कईल जाता कि रविवार के सबेरे भारत लवटला के तुरंत बाद अकबर ईमेल के माध्यम से आपन इस्तीफा भेज देले बाड़े।

याद रहे कि केंद्रीय विदेश राज्य मंत्री एमजे अकबर प दर्जन भर से अधिका महिला यौन शोषण के आरोप लगा चुकल बाड़ी। मामला के खुलासा के बाद विपक्ष अऊरी महिलावादी संगठन समेत राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ के ओर से भी अकबर के इस्तीफा के मांग होखत रहे।

हालांकि आज सबेरे जब उ नई दिल्ली पहुंचले त ए मामला में अकबर कहले कि उ ए मामला में अलग से प्रेस कॉन्फ्रेंस क जवाब दिहे।

सोश्ल मीडिया के #MeToo के तहत यौन शोषण के आरोपों से घेराईल एमजे अकबर पूर्व पत्रकार हवे अऊरी अलग-अलग समय प अलग-अलग संगठन में प्रमुख संपादक जईसन महत्वपूर्ण पद प रहल बाड़े।

  • Share on:
Loading...