पूजा धमाका पोस्टर, जीतेवाला के पांच करोड़ के इनाम प पलटवार- इनाम त राहुल गांधी ही जीतिहे

पूजा धमाका पोस्टर, जीतेवाला के पांच करोड़ के इनाम प पलटवार- इनाम त राहुल गांधी ही जीतिहे

बिहार के राजधानी पटना शहर में कांग्रेस के नेता के ओर कुछ जगह प लगावल गईल पोस्टर वार प भाजपा पलटवार करत कहलस कि इनाम त कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी ही जीतिहे।

दुर्गा पूजा पर्व के माहौल में जगह-जगह लगावल पोस्टर के माध्यम कांग्रेस विरोधी से दस सवाल पूछ के ओकर जवाब मांगलस। एकरा संगही सवाल के जवाब देवे प पांच करोड़ के इनाम देवे के दावा भी ए पोस्टर में कईल बा।

कांग्रेस के ओर से लगवाल पोस्टर में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के कार्यकाल के दौरान बनावल गईल 35 हवाई अड्डा के नाम अवुरी राफेल विमान के दाम बतावे वाला के पांच करोड़ के नाम देवे के बात कहल बा। जवना के जवाब देत भाजपा कहलस कि इनाम के त उनुकर(कांग्रेस) अध्यक्ष राहुल गांधी ही जीतिहे।

स्थानीय कांग्रेस नेता सिद्धार्थ क्षत्रिय अवुरी व्यंकटेश रमन के नाम से पटना शहर के आयकर चौराहा समेत बाकी कुछ जगह प लगावल गईल ए पोस्टर में लिखल बा- 'पूजा धमाका, बताईं, प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के ओर से बनावल 35 एयरपोर्ट के नाम, राफेल के दाम, पाईं पांच करोड़ रुपया के इनाम।

भाजपा के वरिष्ठ नेता अवुरी उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी ए पोस्टर प कांग्रेस प कटाक्ष करत कहले कि उ इनाम राहुल गांधी ही जीतिहे। उ आरोप लगवले कि जवना 'बेशर्मी' के संगे कांग्रेस अध्यक्ष राहुल गांधी प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, भाजपा अवुरी केंद्र के सरकार के राफेल सौदा के मामला में घसीटे के कोशिश करत रहले, कांग्रेस के
कोशिश नाकाम साबित भईल बा।

उहें, कांग्रेस नेता के कहनाम बा कि कांग्रेस पोस्टर वार ना करेले। कांग्रेस नेता कहले कि जवन नेता अयीसन कईले बाड़े उ कांग्रेस के ना हवे। ए चलते इ पोस्टर कांग्रेस के ओर से लगावल बा इ कहल ठीक नईखे।

  • Share on:
Loading...