नशा में धुत्त बाइक चालक मेला में एकही परिवार के 6 लोग के कचटलस, एक महिला के मौत

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार में दशहरा मेला में बाइक सवार एगो शराबी एकही परिवार के छव लोग के कचट देलस। जवना में एक महिला के मौत हो गईल। जबकि बाकी पांच लोग गंभीर रूप से घाही हो गईले। घटना के बाद सभे घाही के इलाज खाती अस्पताल में भर्ती करावल गईल।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक छपरा-सीवान सड़क प दरौंदा बाजार के दशहरा मेला में बाइक सवार एगो शराबी कुल छव लोग के कचट देलस। सभे एकही परिवार के बतावल जातारे। घटना के बाद सभे घाही के इलाज खाती सीवान ले जात समय रास्ता में एगो महिला के मौत हो गईल। मरेवाली महिला धनौती निवासी गणेश राम के पत्नी रेणु देवी रही।

घटना के बारे में मरेवाला के परिवार के बतवला मुताबिक,सीवान जिला के धनौती निवासी गणेश राम के परिवार के छव लोग मंगलवार के रात में करीब 8 बजे दरौंदा बाजार में राखल दुर्गा जी के मूर्ति के दर्शन करे आ मेला घूमे जात रहले। एही बीच दरौंदा बाजार के पिपरा मोड़ के नजदीक सीवान के ओर से तेजी से आवत बाइक सवार कचट देलस। ए दुर्घटना में बाइक चालक भी गंभीर रूप से घाही हो गईल। स्थानीय लोग नशा में धुत्त बाइक चालक के पकड़ के पुलिस के सौंप देले।

दुर्घटना के सूचना मिलते मेला में गश्त करत पुलिस घटनास्थल प पहुँच गईल। ओकरा बाद पुलिस स्थानीय लोग के मदद से सभे घाही के दरौंदा के पीएचसी में भर्ती करवलस। जहां से डॉक्टर गणेश राम के पत्नी रेणु देवी आ बेटी करिश्मा कुमारी के गंभीर हालत के देखत सीवान रेफर क देले। लेकिन रास्ता में रेणु देवी (45 साल) के मौत हो गईल।

बतावल जाता कि सीवान के सदर अस्पताल से डॉक्टर करिश्मा कुमारी के गंभीर हालत में पटना रेफर क देले। घाही में सचिन कुमार (14 साल), प्रमिला कुमारी (24 साल), अंजली कुमारी (15 साल), काजल कुमारी (13 साल) शामिल बाड़ी।

बाइक चालक दरौली थाना क्षेत्र के बीरेंद्र प्रसाद के बेटा सोनू कुमार प्रसाद बतावल जातारे जेकर सीवान के सदर अस्पताल में इलाज चलता।

  • Share on:
Loading...