दिल्ली से बदल के देश के राजधानी पटना क देवे के चाही, गुजरात से बिहारी आ जास: रघुवंश प्रसाद

दिल्ली से बदल के देश के राजधानी पटना क देवे के चाही, गुजरात से बिहारी आ जास: रघुवंश प्रसाद

राजद के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष रघुवंश प्रसाद सिंह बुधवार के दुर्गा पूजा में शामिल होखे खाती हाजीपुर के पासवान चौक पहुंचले। जहां उ पटना के देश के राजधानी बनावे जाए के मांग कईले।

उ कहले कि देश के राजधानी नई दिल्ली से बदल के पटना क देवे के चाही। एकरा पीछे उ दलील देले कि पहिले भारत के राजधानी पाटलिपुत्रा ही रहे।

राजद नेता कहले कि एगो जमाना में जब भारत के राजधानी पाटलिपुत्र (पटना) रहे त भारत के गिनती दुनिया में पहिला स्थान प होखत रहे। अब इ बहुत पीछे बा। ए दौरान रघुवंश प्रसाद सिंह प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अवुरी भाजपा सांसद प जम के हमला बोलले।

बिहार अवुरी यूपी के मजदूर प भईल हमला अवुरी दिल्ली के भाजपा सांसद के बिहारी के खिलाफ दिहल बयान के आलोचना करत रघुवंश प्रसाद कहले कि समूचा देश के लोग पटना आ जास, इहां सभके स्वागत कईल जाई।

उ कहले कि बिहारी मजदूर के गुजरात से वापस आ जाए के चाही। बिहार के सस्ता श्रम के चलते गुजरात आज दमकता। जसही बिहारी गुजरात छोड़िहे, समूचा दमक-चमक खत्म हो जाई।

  • Share on:
Loading...