राजद के पोस्टर प राजनीतिक बवाल- तेजस्वी राम हो सकतारे लेकिन नीतीश के रावण देखावल अनुचित

राजद के पोस्टर प राजनीतिक बवाल- तेजस्वी राम हो सकतारे लेकिन नीतीश के रावण देखावल अनुचित

दशहरा के मौका प पटना में पोस्टर वार जारी बा। पहिले कांग्रेस के पोस्टर त अब राजद के ओर से लगावल पोस्टर के बाद बिहार के राजनीतिक गरमी बढ़ा देलस। राजद के ओर से लगावल पटना में ए पोस्टर में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के रावण के रूप में देखावल गईल बा जबकि ए पोस्टर में नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव राम के भूमिका में देखावल बा।

राजद के कार्यकर्ता पार्टी ऑफिस के ठीक सोझा इ पोस्टर लगवले बाड़े जवना प आवत-जात सभके नजर कुछ देरी खाती ठहर जाता। कहल जाता कि पटना में इ पोस्टर आनंद यादव नाम के आदमी के ओर से लगावल बा।

तेजस्वी यादव के संविधान बचाओ न्याय यात्रा के शुरुआत होखे वाला बा अवुरी ओकरा से ठीक पहिले दशहरा के मौका प राजद के कार्यकर्ता पटना में ए तरह के पोस्टर लगा के राजनीतिक बवाल मचा देले। कांग्रेस एकरा प आपत्ति जतावत कहलस कि नीतीश सिर्फ नेता ना बालुक बिहार के मुख्यमंत्री भी हवे। मुख्यमंत्री को रावण देखावल ठीक नईखे।

राजद के पोस्टर प कांग्रेस अध्यक्ष मदन मोहन झा ए मामला में आपत्ति जतावत कहले कि नीतीश कुमार सिर्फ नेता ना बिहार के मुख्यमंत्री भी हवे अवुरी मुख्यमंत्री के रावण देखावल ठीक नईखे। कांग्रेस के सांसद अखिलेश सिंह कहले कि तेजस्वी राम हो सकतारे लेकिन केहु दोसरा के रावण देखावल ठीक नईखे।

  • Share on:
Loading...