अक्षरा सिंह के कार्यक्रम देख के आवत एकही बाइक प सवार दु चचेरा भाई समेत 3 युवक के मौत

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार के भोजपुर जिला में तेजी से आवत मोटरसाइकिल एगो खंभा में जाके टकरा गईल। जवना में तीन युवक के मौत हो गईल। मरेवाला में दु चचेरा भाई रहले। तीनों युवक नवरात्रि के दौरान आयोजित गायिका सह अभिनित्री अक्षरा सिंह के कार्यक्रम देख के आवत रहले। घटना बिहार के भोजपुर जिला के कोईलवर थाना क्षेत्र के नारायणपुर गांव के भीरी के बतावल जाता।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक तीनों युवक एकही बाइक प सवार होके देवी जागरण कार्यक्रम में मानिकपुर गांव से आवत रहले। एही बीच रास्ता में राजपुर गांव के नजदीक बाइक बेकाबू होके खंभा से टकरा गईल। खंभा से टकराए के बाद तीनों युवक सड़क प गिर गईले जवना में दु के जगहे प मौत हो गईल जबकि एक के इलाज खाती अस्पताल ले जाए के दौरान मौत हो गईल।

सभे भोजपुरी अभिनेत्री अक्षरा सिंह के देवी जागरण कार्यक्रम देखे खाती गईल रहले। मरेवाला में सुभाष, रमेश अवुरी प्रकाश शामिल बाड़े। जवन कोईलवर थाना के वार्ड नंबर 4 के रहेवाला रहले। घटना से परिवार में दशहरा मेला के खुशी अचानक मातम में बदल गईल। मरेवाला सुभाष अवुरी रमेश दुनों चचेरा भाई रहले।

  • Share on:
Loading...