लालू परिवार में महाभारत चलता, नेता बन के कन्हैया राजद नेता तेजस्वी के ट्यूशन पढ़ईहे

लालू परिवार में महाभारत चलता, नेता बन के कन्हैया राजद नेता तेजस्वी के ट्यूशन पढ़ईहे

जदयू के मुख्य प्रवक्ता संजय सिंह कहले कि लालू यादव के परिवार में महाभारत चलता। तेजस्वी यादव के पहिले अपना घर के चिंता करे के चाही। उ कहले कि खुद के बड़ नेता समझे के तेजस्वी के बहुत बड़ गलतफहमी हो गईल बा।

संजय सिंह कहले कि, तेजस्वी खुद के महिमामंडित करतारे, जबकि जनता के बीच उनुका समूचा परिवार के कवनो महिमा नईखे रहल। जनता के सब समझ में आ गईल बा कि बिहार के विकास नीतीश कुमार करवले बाड़े।

उ कहले कि राजद के शासन में त बस अपराध भईल बा। नेता विरोधी दल के न्याय यात्रा प सवाल खड़ा करत जदयू प्रवक्ता कहले कि इ यात्रा मात्र ढोंग ह।

बिहार भाजपा के प्रवक्ता निखिल आनंद कहले कि राजद अवुरी कांग्रेस कन्हैया कुमार के राजनीति में स्थापित करे के ठेकेदारी लेले बिया। नेता बन के कन्हैया राजद नेता तेजस्वी यादव के ट्यूशन पढ़ईहे।

उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी बिहार समेत समूचा देश-दुनिया में रहत एहिजा के निवासी के दुर्गापूजा के शुभकामना देले। संगही कहले कि कांग्रेस शासन काल के दौरान के आर्थिक अपराधी छोड़ल ना जईहे, सभके सजा मिली।

मोदी कहले कि यूपीए सरकार के समय फर्जी तरीका से बैंक के करोड़ों रुपया कर्ज लेवे वाला जवन लोग एनडीए सरकार के कड़ाई से बाचे खाती विदेश भाग गईल रहले, ओ लोग के वापस ले आके के सजा देवे के प्रक्रिया शुरू हो गईल बा। सीबीआई बहरीन से मोहम्मद याह्या अवुरी इंडोनेशिया से विनय मित्तल के प्रत्यर्पण करावे में सफल रहल। विजय माल्या अवुरी नीरव मोदी के बारी जल्दिए आवेवाला बा।

  • Share on:
Loading...