बेखौफ अपराधी दिनदहाड़े मुखिया पति के गोली मरले, मौत

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार के सीतामढ़ी में बेखौफ अपराधी दिनदहाड़े एक आदमी के गोली मार के हत्या क देले। मरेवाला के पहचान मुखिया खुशबू सिंह के पति टुन्ना सिंह के रूप में भईल बा। घटना के बाद इलाका में दहशत के माहौल बन गईल। घटना के सूचना मिलला के बाद मौका प पहुंचल पुलिस लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खाती भेज देलस।

जानकारी के मुताबिक, बिहार के सीतामढ़ी जिला के बेलसंड थाना क्षेत्र के तहत जाफरपुर ग्राम पंचायत के मुखिया खुशबू सिंह के पति शशिभूषण सिंह उर्फ टुन्ना सिंह बुधवार के सबेरे अपना घर से टहले खाती निकलल रहले। एही बीच पहिले से घात लगवले बाइक सवार चार अपराधी टुन्ना सिंह के गोली मार के फरार हो गईले।

ताबड़तोड़ चलल गोलीबारी के ए घटना में मुखिया पति के जगहे प मौत हो गईल। घटना के बाद इलाका में दहशत के माहौल बन गईल। घटना के सूचना मिलला के बाद मौका प पहुंचल पुलिस लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खाती भेज देलस।

मौका प पहुंचल पुलिस मामला के छानबीन करत हत्या के कारण अवुरी अपराधी के पता लगावे के कोशिश करतिया। फिलहाल हत्या के कारण के पता नईखे चले पावल।

  • Share on:
Loading...