स्कूली बस अवुरी ट्रक में भीषण टक्कर, ट्रक चालक के मौत, शिक्षक समेत दर्जन भर बच्चा घाही

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार के सीवान जिला में गुरुवार के सबेरे स्कूली बच्चा से भरल बस सोझा से आवत एगो ट्रक से टकरा गईल। ए भीषण दुर्घटना में ट्रक चालक के मौत हो गईल, जबकि आधा दर्जन बच्चा समेत करीब एक दर्जन लोग घाही हो गईले। सभे घाही के इलाज खाती तुरंत अस्पताल में भर्ती करावल गईल। जहां उनुकर इलाज चलता।

घटना के बारे में मिलल जनाकारी के मुताबिक बिहार के सीवान जिला के गौतमबुद्ध नगर थाना के रतनपुरा गांव के नजदीक गुरुवार के सबेरे करीब छव बजे स्कूली बच्चा से भरल बस सोझा से आवत ट्रक से टकरा गईल। ए दुर्घटना में घाही पटना निवासी ट्रक चालक विकास राय के इलाज खाती पटना ले जाए के दौरान रास्ता में मौत हो गईल।

उहें, बस में सवार प्रधानाध्यापक गजेंद्र कुमार राय स्कूल के शिक्षिका के पति विश्वजीत प्रसाद आ बस कर्मचारी सोनू सिंह समेत घाही बच्चा के इलाज खाती सदर अस्पताल में भर्ती करावल गईल। बतावल जाता कि घाही तीन छात्रा के इलाज तरवारा बाजार में एगो निजी अस्पताल में चलता।

घटना के बारे में बतावल जाता कि सीवान जिला के नौतन प्रखंड के सेमरिया उत्क्रमित मध्य विद्यालय के बच्चा बस से मुख्यमंत्री शैक्षणिक परिभ्रमण योजना के तहत पटना घूमे खाती जात रहले। ए बीच कुहासा होखे के चलते शाहलौर के भीरी सीवान-बसंतपुर सड़क प ट्रक अवुरी बच्चा से भरल बस के बीच जोरदार टक्कर हो गईल अवुरी बस के परखच्चडा उड़ गईल। दुर्घटना के बाद घटनास्थल प चीख पुकार गईल।

बतावल जाता कि बस में 35 छात्र-छात्रा सवार रहले। घाही छात्र-छात्रा में देवंती, फूल माला, प्रियंका, किरण कुमारी, रंजीत कुमार, शाहबाज आलम समेत दस बच्चा शामिल बाड़े।

घटना के जानकारी मिलते स्थानीय थाना पुलिस, जिला के शिक्षा विभाग के पदाधिकारी अवुरी प्रशासनिक पदाधिकारी मौका प पहुंच गईले आ राहत कार्य में जुट गईले।

  • Share on:
Loading...