बिहार में दिनदहाड़े गार्ड के गोली मार के अपराधी 52 लाख रुपया लूट के फरार

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार के मुजफ्फरपुर में पुलिस से बेखौफ अपराधी दिनदहाड़े कैश वैन के गार्ड के गोली मार के लूटपाट कईले। ए बीच लुटेरा वैन में राखल करीब 52 लाख रुपया लूट लिहले अवुरी गार्ड के हथियार लेके उहाँ से फरार हो गईले। गोली लगला के बाद घाही गार्ड के इलाज खाती अस्पताल पहुंचावल गईल।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक, मुजफ्फरपुर जिला के जैतपुर उपथाना क्षेत्र के पोखरैरा टोल प्लाजा के भीरी गुरुवार के दिन के करीब बारह बजे हथियार लिहले अपराधी एक्सिस बैंक के गार्ड के गोली मार के घाही क ओकर हथियार छीन लिहले। संगही करीब 52 लाख रुपया लूट लिहले।

बतावल जाता कि एक्सिस बैंक के मिठनपुरा मुख्य शाखा से एगो गार्ड अवुरी दु बैंक कर्मचारी पईसा लेके सरैया के अलग-अलग एटीएम में पईसा डाले खाती जात रहले। ए बीच रास्ता में स्कोर्पियों सवार बदमाश कैश वैन के ओवर टेक क गाड़ी रोक देले अवुरी गार्ड के गोली मार के रुपया से भरल बक्सा लेके भाग गईले।

घटना के सूचना मिलला के बाद मौका प पहुंचल पुलिस मामला के छानबीन में जुट गईल अवुरी अपराधी के गिरफ्तारी के कोशिश करतिया।

  • Share on:
Loading...