अध्यक्ष होटवार जेल में आ उनुकर विरासत सम्हारे वाला कोर्ट के चक्कर लगावतारे: नीरज कुमार

अध्यक्ष होटवार जेल में आ उनुकर विरासत सम्हारे वाला कोर्ट के चक्कर लगावतारे: नीरज कुमार

बिहार महागठबंधन में सीट साझा प जदयू के प्रवक्ता नीरज कुमार ताना मारत कहले कि होटवार जेल के अपॉइंटमेंट मिलला के बादे सीट बंटवारा प कवनो अंतिम फैसला होई। असहू अध्यक्ष होटवार जेल में अवुरी उनुकर विरासत सम्हारे वाला दिल्ली कोर्ट के चक्कर लगावतारे।

नीरज कुमार शनिवार के अपना ट्वीट में राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव आ नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव के बिना नाम लिहले इशारा-इशारा में कहले कि बिना उनुका मर्जी आ अनुमति के केहु के टिकट ना मिली।

जदयू प्रवक्ता नीरज कुमार ट्वीट में कहले कि महागठबंधन के नेता भलही लाख सफाई देस, दावा करस, लेकिन हकीकत इहे बा कि होटवार जेल के अपॉइंटमेंट मिलला के बादे सीट बंटवारा प कवनो अंतिम फैसला होई। ओसहू अध्यक्ष होटवार जेल में अवुरी उनुकर विरासत सम्हारे वाला दिल्ली कोर्ट के चक्कर लगावतारे..! इहे त इनकर राजनीति ह!

मालूम रहे कि चारा घोटाला मामला में दोषी करार देवे जाए के बाद लालू प्रसाद यादव के रांची के होटवार बिरसा मुंडा केंद्रीय कारा भेज दिहल गईल। उहां उनुकर तबीयत खराब होखला के बाद इलाज खाती रिम्स में भर्ती करावल गईल।

उहें, लालू यादव के छोट बेटा आ नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव रेलवे टेंडर घोटाला मामला में आरोपित करे जाए के बाद दिल्ली के पटियाला हाउस कोर्ट में पेश होखला के बाद शुक्रवार के पटना लवटले।

दिल्ली से पटना लवटल बिहार विधानसभा में नेता प्रतिपक्ष अवुरी पूर्व उपमुख्यमंत्री तेजस्वी यादव शुक्रवार के नीतीश कुमार के देश के सबसे भ्रष्ट मुख्यमंत्री बतावत कहले कि, 'घोटाला के बहार बा, काहेकि बिहार में नीतीश कुमार के सरकार बा'।

पत्रकारन से बात करत तेजस्वी कहले कि एक ओर नीतीश कुमार भ्रष्टाचार से समझौता ना करे के बात करतारे आ दोसरा ओर उनुका शासनकाल में 35 घोटाला हो गईल। सृजन घोटाला में अभी तक कवनो बड़का अधिकारी अवुरी कवनो मंत्री प कार्रवाई ना भईल आ फिर से एगो नया घोटाला सोझा आ गईल बा।

तेजस्वी कहले कि, 'भागलपुर के सृजन घोटाला निहन एहु घोटाला में आरोपी के बचावल जाई। अब नीतीश चाचाजी के जबाब देवे के पड़ी। वर्तमान में देश में जदी केहु सबसे बड़ भ्रष्ट मुख्यमंत्री बा त उ हमनी के चाचा बाड़े।'

  • Share on:
Loading...