अयीसन केहु सगा नईखे जेकरा के नीतीश ठगले नईखन, हमनी के मंजू वर्मा ना हई कि भागत फिरेके

अयीसन केहु सगा नईखे जेकरा के नीतीश ठगले नईखन, हमनी के मंजू वर्मा ना हई कि भागत फिरेके

हिंदुस्तानी अवाम मोर्चा (हम) के प्रमुख आ बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी कहले कि अयीसन केहु सगा नईखे जेकरा के नीतीश ठगले नईखन। जीतन मांझी मुख्यमंत्री नीतीश कुमार प जबानी हमला बोलत घोटालाबाज़ के सरकार बतवले।

बिहार के पूर्णिया जाए के दौरान जीतन राम मांझी बेगूसराय सर्किट हाउस में रुकले। जहां उ कार्यकर्ता से बात करत कहले कि, "नीतीश के मनसा सिर्फ इहे रहे कि चूंकि उ (मांझी) एगो मुसहर के बेटा हवे, हमरा के मुख्यमंत्री बना के उ पीछे से आपन काम करवईहे।"

उ कहले कि विकास के अयीसन कवनो काम नईखे जवना के हम समय रहते पूरा नईखी कईले। ए दौरान जीतन राम मांझी मुख्यमंत्री नीतीश कुमार प जोरदार हमला बोलले अवुरी घोटालाबाज के सरकार बतवले।

मांझी कहले कि आज के समय में जदी देखल जाए त मुजफ्फरपुर कांड होखे चाहे बैंक में घोटाला के बात होखे, वर्तमान सरकार हरेक मोड़ प विफल साबित होखतिया। उ कहले कि आज महिला सुरक्षित नईखी अवुरी जहां-तहां लईकिन के नर कंकाल बरामद होखता। इहां तक कि नीतीश कुमार दशरथ मांझी के नाम से शुरू भईल योजना के नाम बदले के काम कईले।

राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव के पत्नी आ पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी कहली कि "मुख्यमंत्री नीतीश कुमार दावा करतारे कि उ केहु के ना बचावेले नाही फंसावेले। लेकिन, आइआरसीटीसी मामला में उनुका परिवार के फंसावल गईल। ए मामला में रेलवे अवुरी सीबीआई के ओर से हमरा परिवार के क्लीन चिट दिहल रहे। एकरा बावजूद मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अवुरी उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी के कहला प हमनी के फंसावल गईल।"

राबड़ी देवी कहली हमनी के पूर्व मंत्री मंजू वर्मा ना हई कि भागत फिरेके। हमनी के हरेक साजिश के मुकाबला करे वाला हई। रेलवे होटल वाला मामला में हमनी के फंसावल बा। न्यायालय प भरोसा बा। ए चलते तारीख प कोर्ट जातानी'जा।

  • Share on:
Loading...