बिहार में अपराधी अवुरी एसटीएफ के बीच मुठभेड़, 5 अपराधी गिरफ्तार

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार के मुंगेर जिला में एसटीएफ अवुरी अपराधी के बीच सोमवार के सबेरे भईल मुठभेड़ में पांच अपराधी के गिरफ्तार क लिहल गईल। बतावल जाता कि मुठभेड़ में अपराधी के ओर से 45 से 50 राउंड फायर भईल। जबकि एसटीएफ करीब 19 राउंड फायरिंग कईलस। एसटीएफ के टीम अपराधी के भीरी से राइफल, 3 कट्टा, 87 गोली अवुरी 13 खोखा जब्त कईलस।

जानकारी के मुताबिक मुंगेर जिला के तारापुर दियारा में सोमवार के सबेरे कुख्यात अपराधी मो. असलम गैंग अवुरी एसटीएफ के बीच मुठभेड़ भईल। जवना में मो. असलम समेत पांच अपराधी के गिरफ्तार क लिहल गईल।

ए मामला में पुलिस के कहनाम बा कि गिरफ्तार युवक के पहचान गैंग के सरगना मो. असलम, मो.नसरुल, शंम्भू मंडल, दशरथ सिंह अवुरी जितेंद्र सिंह के रूप में भईल बा। संगही इलाका में भारी पैमाना प सर्च ऑपेरशन शुरू क दिहल बा।

जानकारी के मुताबिक, बिहार में बढ़त अपराध प रोक लगावे खाती एसटीएफ के टीम गुप्त सूचना के आधार प मुंगेर के मुफस्सिल थाना क्षेत्र के तारापुर दियारा में सोमवार के सबेरे पहुंचल। एसटीएफ के सूचना मिलल रहे कि तारापुर दियारा में अपराधी छिपल बाड़े।

एसटीएफ के आवे के पता चलते अपराधी एसटीएफ टीम प ताबड़तोड़ फायरिंग करे लगले। ओकरा बाद एसटीएफ अवुरी अपराधी के ओर से भईल मुठभेड़ में दियारा के कुख्यात असलम समेत पांच अपराधी के एसटीएफ गिरफ्तार क लेलस।

पुलिस के बतवला मुताबिक गिरफ्तार बदमाश जितेंद्र सिंह अवुरी मो. असलम पहिलहू हत्याकांड के मामला में जेल जा चुकल बाड़े। एकरा में मो. असलम प पहिले से हत्या के 8 मुकदमा दर्ज बा।

  • Share on:
Loading...