प्रेम प्रसंग में गोली मार के आत्महत्या, पुलिस जांच में जुटल

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार में एगो युवक प्रेम प्रसंग में खुद के गोली मार के आत्महत्या क लेलस। घटना के सूचना मिलला के बाद मौका प पहुंचल पुलिस लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खाती भेज देलस। संगही आत्महत्या में इस्तेमाल देशी कट्टा के बरामद क लेलस। ए मामला में परिवार के बयान प पुलिस आत्महत्या के मामला दर्ज क लेलस। लेकिन पुलिस शक के आधार प समूचा मामला के पता लगावे के कोशिश करतिया।

घटना के बारे में बतावल जाता कि पश्चिमी चंपारण जिला के बेतिया में एगो युवक प्रेम प्रसंग के मामला में खुद के गोली मार के जान दे देलस। मरेवाला युवक के बारे में कहल जाता कि समाहरणालय परिसर जिला योजना कार्यालय में गोली चलावे के मामला में उ जेल जा चुकल रहे।

कालीबाग उपथाना क्षेत्र के मिस्काटोली में भईल घटना बारे में मरेवाला युवक के भाई मो.शाहिद के बतवला मुताबिक युवक जाहिद रविवार के खाना खईला के बाद अपना कमरा में चल गईले। ओकरा बाद परिवार के लोग गोली चले के आवाज सुनला के बाद जब कमरा में गईले त देखले कि जाहिद अपना बिस्तर प मरल पड़ल रहले।

घटना के सूचना मिलते मौका प पहुंचल पुलिस लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खाती भेज देलस अवुरी ए मामला में जांच पड़ताल शुरू क देले बिया। लेकिन अभी तक इ पता नईखे चले सकल कि जाहिद के कवना लईकी से प्रेम प्रसंग चलत रहे चाहे आत्महत्या के पीछे कवनो दोसर कारण बा।

  • Share on:
Loading...