कांग्रेस से लोकतंत्र अवुरी देश हित के उम्मेद कईल बेकार बा: गिरिराज सिंह

कांग्रेस से लोकतंत्र अवुरी देश हित के उम्मेद कईल बेकार बा: गिरिराज सिंह

केंद्रीय मंत्री आ भाजपा नेता शांडिल्य गिरिराज सिंह सोमवार के कांग्रेस प निशाना साधत कहले कि कांग्रेस से लोकतंत्र अवुरी देश हित के उम्मेद कईल बेकार बा। कांग्रेस में देश के ऊपर परिवार बा।

गिरिराज सिंह सोमवार के ट्वीट में कहले कि 'कांग्रेस से लोकतंत्र अवुरी देश हित के उम्मेद कईल बेकार बा। कांग्रेस में देश के ऊपर परिवार बा। उहां 'भारत माता के जय' के रुकवा के 'सोनिया गांधी जय अवुरी राहुल गांधी जय' के नारा लगवावल जाला। भाजपा त शान से 'भारत माता के जय' अवुरी 'वंदे मातरम' बोलले। एही में भारत के मर्यादा अवुरी शान बा।'

राष्ट्रीय जनता दल के वरिष्ठ नेता रघुवंश प्रसाद सिंह अयोध्या मामला से जुड़ल भारतीय जनता पार्टी प जम के हमला बोलले। उ कहले कि के नईखे चाहत कि अयोध्या में भगवान राम के मंदिर बने, लेकिन भाजपा के लोग मंदिर से जुड़ल राजनीति करतारे।

रघुवंश सिंह कहले कि अयोध्या में जवन आंदोलन होखता ओकरा पीछे भाजपा के हाथ बा। उहां के माहौल खराब कईल जाता। अयोध्या के लोग डेरा गईल बाड़े। उ कहले कि आंदोलन करे के बा त लखनऊ अवुरी दिल्ली में जाके के करे के चाही। दुनों जगह प भाजपा के सरकार बिया।

उ कहले कि राम मंदिर के मामला अभी सुप्रीम कोर्ट में बा। अयीसना में लोग के कोर्ट के आदेश के इंतजार करे के चाही।

उहें, जदयू अल्पसंख्यक कमिटी के अध्यक्ष आ विधान पार्षद गुलाम रसूल बलियावी अयोध्या में उद्धव ठाकरे के दौरा प कहले कि 'इ जतना लोग सड़क प हंगामा करतारे, केहु में रामभक्ति नईखे। इ सब सत्ता भक्ति, स्वार्थभक्ति अवुरी परिवार भक्ति ह।'

गुलाम रसूल आगे साफ कईले या कि 'महाराष्ट्र में शिवसेना के जमीन खत्म हो गईल बा। ए चलते सेंधमारी करे आइल बाड़े।' उ कहले कि अभी देश में खुद के सबसे बड़ धार्मिक साबित करे के मुक़ाबला (कंपटीशन) चलता। लेकिन मोदी जी अवुरी योगी जी के समझे के चाही कि देश आस्था आ धर्म से ना बालुक संविधान से चलेला।

  • Share on:
Loading...