भाजपा में हिम्मत बा त अयोध्या में राम मंदिर बना के देखावे: राबड़ी देवी

भाजपा में हिम्मत बा त अयोध्या में राम मंदिर बना के देखावे: राबड़ी देवी

अयोध्या में राम मंदिर निर्माण खाती देश में चलत चर्चा अवुरी सम्मेलन के बीच बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी कहली कि भारतीय जनता पार्टी नईखे चाहत कि देश में राम मंदिर बने अवुरी भाजपा के लोग ए मामला प सिर्फ राजनीति कईल चाहतारे।

सोमवार के बिहार विधानसभा पहुंचल राबड़ी देवी अयोध्या में राम मंदिर निर्माण के मसला प कहली कि अयोध्या में राम मंदिर बने के चाही अवुरी सभका सहमति से बने के चाही।

राबड़ी देवी केंद्र सरकार प हमला बोलल कहली कि भाजपा नईखे चाहत कि अयोध्या में राम मंदिर बने अवुरी उ लोग ए मामला प सिर्फ राजनीति कईल चाहतारे। उ कहली कि उहो चाहतारी कि अयोध्या में मंदिर बने लेकिन एकरा खाती सभके सहमति होखल चाही।

पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी खुला चुनौती देत कहली कि जदी भाजपा में हिम्मत बा त उ अयोध्या में राम मंदिर के निर्माण करा के देखावे। उ कहली कि भाजपा खाती राम मंदिर के मुद्दा सिर्फ एगो चुनावी मुद्दा मात्र बा अवुरी हरेक चुनाव के दौरान इ मुद्दा लोग के बीच ले आवल जाता।

मालूम रहे कि अयोध्‍या में होखत धर्म सभा के बीच समूचा देश निहन बिहार में भी राम मंदिर के मुद्दा गरमा गईल बा। एकरा प सत्ता पक्ष आ विपक्ष के सियासत तेज हो गईल बा।

महागठबंधन के घटक दल हिंदुस्‍तानी अवाम मोर्चा के प्रमुख आ बिहार के पूर्व मुख्‍यमंत्री जीतन राम मांझी कहले कि अयोघ्‍या में श्रीराम मंदिर निर्माण खाती जदी केंद्र के नरेंद्र मोदी सरकार अध्‍यादेश ले आवतिया त उ ओकर विरोध करीहे। ए मुद्दा प मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के चुप्पी प सवाल खड़ा करत मांझी कहले कि एकरा से साबित होखता कि भाजपा प्रायोजित अयोध्या में राम मंदिर निर्माण के उ समर्थन करतारे।

  • Share on:
Loading...