मौनी बाबा आ ढोंगी बाबा के जनादेश चोरी वाली कुख्यात जोड़ी बिहार के अपराध प बेशर्मी के हद तक चुप बिया

मौनी बाबा आ ढोंगी बाबा के जनादेश चोरी वाली कुख्यात जोड़ी बिहार के अपराध प बेशर्मी के हद तक चुप बिया

राष्ट्रीय लोक समता पार्टी (रालोसपा) नेता उपेंद्र कुशवाहा के एनडीए से नाता तूर के बिहार के महागठबंधन में शामिल होखला के बाद राष्ट्रीय जनता दल (राजद) के नेता तेजस्वी यादव बिहार सरकार प हमला बोलत मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के मौनी बाबा अवुरी उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी के ढोंगी बाबा बतवले।

तेजस्वी यादव शुक्रवार के अपना ट्वीट में निशाना साधत कहले कि, "नीतीश कुमार मौनी बाबा अवुरी सुशील मोदी ढोंगी बाबा के जनादेश चोरी वाली कुख्यात जोड़ी बिहार के अपराध प बेशर्मी के हद तक चुप बिया। नीतीश कुमार के एगो विधायक AK-47 के संगे पकड़ाता। दूसरा 50 लाख के रंगदारी मांगता। तीसरा विपक्षी नेता के हत्या में आरोपित बा। बिहार में थू-शासन बा।"

तेजस्वी के ट्वीट प जदयू प्रवक्ता नीरज कुमार पलटवार करत अपना ट्वीट में कहले कि, "हत्या में दोषी राजद आइकॉन दिल्ली के तिहाड़ में, दूसरा नाबालिग के संगे बलात्कार में दोषी बिहार के जेल में अवुरी खुद अध्यक्ष घोटाला में दोषी झारखंड के जेल में! इ सभे आजूओ पार्टी के थिंकटैंक बनल बाड़े। अध्यक्ष के विरासत सम्हारत उनुकर बेटा (तेजस्वी )नैतिकता प प्रवचन देतारे। बेशर्मी के पराकाष्ठा ह।"

एकरा से पहिले तेजस्वी अपना ट्वीट में कहले कि, बिहार में महागठबंधन दलित, पिछड़ल, अल्पसंख्यक अवुरी प्रगतिशील लोग के मनुवादी के खिलाफ "हल्ला बोल" गठबंधन ह। इ आरबीआई, सीबीआई, ईडी अवुरी दोसर संवैधानिक संस्था के बैंड बजावे वाली फासीवादी ताकत के खिलाफ 'न्यायप्रिय ताकत' के लोकप्रिय गठबंधन ह। जय बहुजन, जय हिंद।

तेजस्वी आपन अगिला ट्वीट में कहले कि जनादेश चोरी के बाद सरकारी खर्चा प 15 दिन से अमेरिका घूमत घुमंतू जी, आपके ओर से गुंडा के आगे नाक रगड़ला के बावजूद अपराध में बेतहाशा बढ़ोतरी भईल बा। आपके गुर्गे व्यापारी के भूनतारे अवुरी आप 2 सप्ताह से विदेश में आपन रिश्तेदार ललित मोदी अवुरी नीरव मोदी संगे मस्ती करतानी।

  • Share on:
Loading...