"नीतीश जी, आखिर कब तक बिहार के व्यापारी, नौजवान अपराधी के गोली के शिकार होखत रहिहे"

"नीतीश जी, आखिर कब तक बिहार के व्यापारी, नौजवान अपराधी के गोली के शिकार होखत रहिहे"

बिहार में गुरुवार के व्यापारी के हत्या के बाद राजद नेता तेजस्वी यादव मुख्यमंत्री नीतीश कुमार प हमला बोलत कहले कि, आखिर कब तक बिहार के व्यापारी, किसान अवुरी नौजवान अपराधी के गोली के शिकार होखत रहिहे? संगही, तेजस्वी यादव शराबबंदी अवुरी बालूबंदी से जुड़ल नीतीश कुमार के आलोचना कईले अवुरी कहले कि एकरा चलते बिहार बर्बाद होखता आ एकरा खाती नीतीश कुमार जिम्मेवार बाड़े।

बिहार में कानून व्यवस्था के बिगड़त हालात प नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव एक बेर फिर से मुख्यमंत्री नीतीश कुमार प हमला बोलत शुक्रवार के अपना ट्वीट में कहले कि, "नीतीश जी, आखिर कब तक बिहार के व्यापारी, किसान अवुरी नौजवान अपराधी के गोली के शिकार होखत रहिहे?

राजद नेता कहले कि, आपके(नीतीश) शराबबंदी अवुरी बालूबंदी के हैंगओवर बिहार के बर्बाद क देलस। राजधर्म गिरवी राख़ के आप (नीतीश)थाना के नीलामी क प्रशासन के इकबाल अवुरी ईमान तक बेच देनी। आखिर, कब तक चुप रहब?

नेता प्रतिपक्ष कहले कि, "नैतिकता बन गईल लोलुपता अवुरी अंतरात्मा बन गईल दुरात्मा।" उ कहले कि, "बिहार में घूमतारे दुशासन, रावण के बा कुशासन, जनता कहतिया इ थूशासन, काहेकि राजा बेच देले ईमान अवुरी प्रशासन।"

उहें, राजद के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष शिवानंद तिवारी शुक्रवार के केंद्रीय मंत्री गिरिराज सिंह अवुरी मुख्यमंत्री नीतीश कुमार प निशाना सधले। शिवानंद कहले कि गिरिराज सिंह पागल निहन बयान देले। उ जवना तरह के बात करेले ओकरा से समाज में तनाव पैदा होखेला, अयीसना लोग के खिलाफ मुकदमा चले के चाही।

शिवानंद तिवारी मुख्यमंत्री नीतीश कुमार प निशाना साधत कहले कि उ धर्म निरपेक्ष हवे त सांप्रदायिक लोग के संगे कईसे रहतारे। गिरिराज सिंह के बयान प नीतीश कुमार कुछ बोलत काहे नईखन। आखिर गिरिराज सिंह के बात के नीतीश बर्दाश्त कईसे क लेतारे।

तिवारी के बयान प पलटवार करत भाजपा प्रवक्ता जीवेश कुमार कहले कि शिवानंद तिवारी बिना पेंदी के लोटा निहन हवे। लोकतंत्र में अयीसन भाषा कवनों पागल इस्तेमाल क सकता। उ कहले कि गिरिराज सिंह के स्टैंड हमेशा साफ रहल बा। शिवानंद आपन स्टैंड पहिले साफ करस। भाजपा नेता संजय टाइगर कहले कि शिवानंद तिवारी खुद बिगड़ल बोल खाती जानल जाले।

  • Share on:
Loading...