झाड़-फूंक करावे के बहाने महिला के अपहरण कईला के बाद हत्या

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार में एगो महिला के अपहरण कईला के बाद ओकर हत्या क दिहल गईल। लाश मिले के सूचना प पहुंचल पुलिस मामला के छानबीन में जुट गईल। महिला के पहचान सोनामती देवी (35 साल) के रूप में भईल बा।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक, गया जिला के डोभी में ओझईती (ओझा-गुनी) के काम करे वाली महिला के झांसा में लेके अपहरण कईला के बाद अपराधी ओकर हत्या क देले।

बतावल जाता कि गुरुवार के सबेरे गाँव के लोग महिला के लाश देखला के बाद पुलिस के सूचना देले। महिला के लाश मिले के सूचना प पहुंचल डोभी थाना पुलिस लाश के पोस्टमार्टम खाती भेज के मामला के छानबीन में जुट गईल। महिला के पहचान डोभी थाना के कुशा-वीजा गांव के स्व. भीमल मंडल के पत्नी सोनामती देवी के रूप में भईल बा।

बतावल जाता कि सोनामती देवी ओझईती के काम करत रही। बुधवार के रात में कुछ लोग दोसरा गाँव से आके झाड़-फूंक करावे के झांसा देके महिला के अपहरण क लिहले। ओकरा बाद सोनामती के हत्या क देले।

मरेवाली महिला के चेहरा प लागल चोट के देखत अनुमान लगावल जाता कि ईंट पत्थर से कूच के महिला के हत्या क दिहल बा। फिलहाल घटना के पीछे के कारण के पता नईखे चले पावल। पुलिस अपराधी अवुरी हत्या के पिछे के घटना के बारे में पता लगावे के कोशिश करतिया।

डोभी थानाध्यक्ष रविभूषण बतवले कि, महिला सोनामती देवी झाड़-फूंक के काम करत रही। ओझईती के नाम प कुछ लोग उनुका के अपना संगे ले गईल रहले। ए बीच महिला के हत्या क दिहल गईल। पुलिस समूचा मामला के छानबीन में जुटल बिया।

  • Share on:
Loading...