जदयू नेता आ पुलिसकर्मी खाती शराबबंदी कामधेनु गाय बन गईल: तेजस्वी

जदयू नेता आ पुलिसकर्मी खाती शराबबंदी कामधेनु गाय बन गईल: तेजस्वी

राजद नेता तेजस्वी यादव बिहार में कानून-व्यवस्था प शनिवार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार प निशाना साधत कहले कि मुजफ्फरपुर में एगो व्यापारी के गोली मार के हत्या क दिहल गईल। बिहार में गजरा-मुरई (गाजर-मूली) निहन लोग कटातारे। चहुँओर गोली के तड़तड़ाहट से आम आदमी खौफ में बाड़े। मुख्यमंत्री थाना के बोली लगा देले। जातीय आधार प तबादला (पोस्टिंग) होखता। जदयू नेता आ पुलिसकर्मी खाती शराबबंदी कामधेनु गाय बन गईल।

एकरा से पहिले जदयू प्रवक्ता नीरज कुमार ट्वीट क कहले कि कोर्ट नाबालिग से बलात्कार में राजद के विधायक राजबल्लभ यादव के उम्रकैद के सजा सुना देलस, लेकिन अभी तक उनुका के पार्टी से निकालल नईखे गईल। अब त, राजद के लोग उनुका के राबड़ीजी के आभारपत्र, लालू प्रसाद यादव के सहमतिपत्र अवुरी तेजस्वी यादव के प्रशस्तिपत्र से सम्मानित करे जेल जाए वाला बाड़े।!

नीरज कुमार कहले कि राजबल्लभ यादव के दुराचार के आरोप में आजीवन कारावास के सजा होखल सत्य के जीत ह। राजबल्लभ के राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद अवुरी तेजस्वी यादव के संरक्षण मिलल रहे। अब तेजस्वी के बतावे के चाही कि उ कब जेल जाके राजबल्लभ के प्रशस्ति पत्र देके उनुका के कृत्य खाती सम्मानित करीहे।

जदयू के मुख्य प्रवक्ता संजय सिंह नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव से कहले कि, राजद विधायक राजबल्लभ यादव के सजायाफ्ता होखल ए बात के गवाही बा कि बिहार में कानून के राज बा। ए चलते तुरंत सजा भईल। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के सरकार ना केहु के बचावेले नाही फंसावेले। आप (तेजस्वी) त अपना ए विधायक के बचावे में कवनो कसर ना छोड़ले रहले।

जदयू नेता के मुताबिक, खुद लालू प्रसाद यादव गवाह बाड़े कि कोर्ट में नाक रगड़ला से भी भ्रष्टाचारी के राहत ना मिले।

मालूम रहे कि दुष्कर्म मामला में लालू यादव के करीबी आ राजद के निलंबित विधायक राजबल्लभ यादव समेत सभे 6 दोषी के सजा सुना दिहल गईल। राजबल्लभ अवुरी दु दोषी महिला सुलेखा देवी आ राधा देवी के उम्रकैद के सजा सुनावल गईल आ बाकी तीन दोषी के 10-10 साल के सजा सुनावल गईल।

  • Share on:
Loading...