बिहार में दिनदहाड़े कारोबारी के गोली मार के हत्या, बैंककर्मी के अपहरण क हत्या

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार में एक बेर फिर एगो कारोबारी के अपराधी आपन निशाना बनावत गोली मार के हत्या क देले। बेखौफ अपराधी शनिवार के सबेरे सड़क निर्माण कंपनी के मालिक के गोली मार के जान ले लिहले।

एकरा से पहिले शुक्रवार के रात में पंजाब नेशनल बैंक के कर्मचारी के अपहरण क ओकर हत्या क दिहल गईल। जेकर लाश सड़क किनारा से बरामद भईल। पुलिस से बेखौफ अपराधी मुजफ्फरपुर में ठेकेदार के गोली मार के हत्या क देले रहले, जबकि गुरुवार के पटना के रहेवाला कारोबारी गुंजन खेमका के वैशाली में गोली मार के हत्या क दिहल रहे।

जानकारी के मुताबिक, शनिवार के सबेरे अपराधी दरभंगा जिला के सड़क निर्माण करेवाली कंपनी शाही कंस्ट्रक्शन के मालिक कुशेस प्रसाद शाही उर्फ केपी शाही के गोली मार के फरार हो गईले। घटना रानीपुर के भीरी के बतावल जाता, जहां पहिले से घात लगवले बाइक सवार अपराधी केपी शाही के गोली मार के घाही क देले अवुरी मौका से फरार हो गईले।

गंभीर रूप से घाही केपी शाही के इलाज खाती अस्पताल में भर्ती करावल गईल, जहां इलाज के दौरान उनुकर मौत हो गईल। घटना के सूचना मिलते जगहा प पहुंचल पुलिस मामला के जांच में जुट गईल।

आमस निवासी पंजाब नेशनल बैंक के कर्मचारी पिन्टू सिंह के शुक्रवार के रात में अपहरण क हत्या क दिहल गईल। एकरा विरोध में शनिवार के सबेरे खिसियाइल गांव के लोग सिमरी गांव के नजदीक सड़क जाम क देले।

जानकारी के मुताबिक, पिंटू सिंह के सिर में गोली मार के हत्या क दिहल गईल। पुलिस लाश के आमस थाना क्षेत्र के सिमरी गांव से बरामद क मामला के जांच में जुट गईल।

ए तरह से राज्य में एक के बाद एक कारोबारी के होखत हत्या नीतीश सरकार के कानून व्यवस्था प सवाल खड़ा करता। कांग्रेस नेता तारिक अनवर कहले कि राज्य में व्यापारी के हत्या फिरौती खाती कईल जाता। राज्य में शासन व्यवस्था नाम के चीज नईखे बाचल अवुरी नीतीश कुमार अपराध प काबू पावे में सफल नईखन होखे पावत।

  • Share on:
Loading...