नीतीश जी, आपके लगे सीट बंटवारा के अलावे कुछ काम बाचल बा कि ना, सरकार निर्लज्ज हो गईल बिया

नीतीश जी, आपके लगे सीट बंटवारा के अलावे कुछ काम बाचल बा कि ना, सरकार निर्लज्ज हो गईल बिया

बिहार में अपराधी पूरा तरह से बेलगाम हो चुकल बाड़े। पछिला 48 घंटा में तीन व्यापारी के हत्या क दिहल गईल। गुरुवार के बिहार के बड़ व्यापारी गोपाल खेमका के बेटा गुंजन खेमका के अपराधी वैशाली में गोली मार के हत्या क देले रहले।

आज सबेरे (शनिवार) दरभंगा में सड़क निर्माण करेवाली कंपनी शाही कंस्ट्रक्शन के मालिक कुशेस प्रसाद शाही उर्फ केपी शाही के अवुरी शुक्रवार के रात में गया में पंजाब नेशनल बैंक के कर्मचारी के अपराधी गोली मार के हत्या क देले। पुलिस से बेखौफ अपराधी मुजफ्फरपुर में ठेकेदार के गोली मार के हत्या क देले। एक के बाद एक बिहार में होखत हत्या से राज्य के नीतीश सरकार के कानून व्यवस्था प सवाल खड़ा करता।

ए सभ घटना के बाद शनिवार के राजद नेता तेजस्वी यादव मुख्यमंत्री नीतीश कुमार प एक बेर फिर से जोरदार हमला बोलले। तेजस्वी ट्वीट क कहले कि पटना अवुरी मुज़फ़्फ़रपुर में कारोबारी के हत्या के बाद आज फिर दरभंगा, गया, बेगुसराय अवुरी गोपालगंज में व्यापारी के गोली मार के निर्मम हत्या क दिहल गईल।

तेजस्वी ट्वीट के माध्यम से पूछले कि नीतीश जी, आपके लगे सीट बंटवारा के अलावे कुछ काम बाचल बा कि ना?

उ कहले कि अब का कही, केकरा से कही, कईसे कही? पूरा सरकार निर्लज्ज हो चुकल बिया।

कांग्रेस नेता तारिक अनवर कहले कि राज्य में व्यापारी के हत्या फिरौती खाती कईल जाता। राज्य में शासन व्यवस्था नाम के चीज नईखे बाचल अवुरी नीतीश कुमार अपराध प काबू पावे में सफल नईखन होखे पावत।

  • Share on:
Loading...