पार्टी के अनुशासित सिपाही हई, जवन आदेश होई ओकरा के निभाईब: गिरिराज सिंह

पार्टी के अनुशासित सिपाही हई, जवन आदेश होई ओकरा के निभाईब: गिरिराज सिंह

केंद्रीय मंत्री अवुरी नवादा से सांसद गिरिराज सिंह कहले कि पार्टी के अनुशासित सिपाही हई ए चलते पार्टी जवन काम दिही ओकरा के निभाईब। उ कहले कि हम पछिला बेर बेगूसराय से लोकसभा के चुनाव लड़ल चाहत रही लेकिन पार्टी नेतृत्व हमरा के चुनाव लड़े खाती नवादा भेजलस। पार्टी के बात के मानत हम इहां से चुनाव लड़नी।

नवादा संसदीय सीट लोक जनशक्ति पार्टी(लोजपा) के देवे जाए के अनुमान के बीच गिरिराज सिंह कहले कि पार्टी उनुका के जहां से चुनाव लड़े के कही उहां से खड़ा होईहे। उ कहले कि पार्टी के अनुशासित सिपाही हईं ए चलते पार्टी जवन काम दिही ओकरा के निभाईब।

केंद्रीय मंत्री नवादा सर्टिक हाउस में कहले कि एनडीए में सीट बंटवारा प का बात होखता अवुरी भाजपा अपना सहयोगी दल के कतना सीट दिही उनुका एकरा बारे में नईखे मालूम।

उ कहले कि सीट बंटवारा के काम पार्टी के ह। जवन पार्टी फैसला लिहि उ सर्वमान्य होई। हम बस पार्टी के एगो सिपाही हईं अवुरी जवन पार्टी काम दिही ओकरे के निभाईब। गिरिराज कहले कि हमार राजनीतिक अभिलाषा पूरा हो गईल बा।

सांसद गिरिराज सिंह कहले कि पछिला बेर हम बेगूसराय से लोकसभा के चुनाव लड़ल चाहत रही लेकिन पार्टी नेतृत्व हमरा के चुनाव लड़े खाती नवादा भेजलस। ओहि के मानत हम इहां से चुनाव लड़नी। ए चलते पार्टी जहां से चुनाव लड़े खाती भेजी ओहि आदेश के पालन करब।

केंद्रीय मंत्री गिरिराज सिंह कहले कि अयोध्या में राम मंदिर के निर्माण केहु नईखे रोक सकत। जवना दिन देश के 100 करोड़ हिंदु के सब्र के बांध टूट जाई, ओहि दिन राम मंदिर बन जाई।

सूत्र के मानल जाए त गिरिराज सिंह के सीट नवादा लोजपा के खाता में चल गईल बा। अयीसना में उनुका के बेगूसराय से भाजपा चुनाव लड़ा सकतिया। हालांकि, पछिला चुनाव में गिरिराज बेगूसराय से ही चुनाव लड़ल चाहत रहले। लेकिन पार्टी उहां से भोला सिंह के उम्मीदवार बनवले रहे अवुरी उनुका के नवादा सीट मिलल रहे।

  • Share on:
Loading...