मुख्यमंत्री आवास के घेराव करे पहुंचल यूथ कांग्रेस के कार्यकर्ता अवुरी पुलिस में झड़प

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार में बढ़त अपराध के खिलाफ बिगड़त कानून-व्यवस्था के मुद्दा बनावत युवा कांग्रेस कार्यकर्ता शनिवार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के आवास के बहरी विरोध प्रदर्शन कईले। ए मौका प प्रदर्शनकारी के हटावे खाती पुलिस पानी के बौछार क प्रदर्शनकारी प काबू पवलस।

जानकारी के मुताबिक, यूथ कांग्रेस के कार्यकर्ता शनिवार के सबेरे भारी संख्या में बांसघाट जुटले अवुरी उहां से मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के आवास के घेराव करे खाती निकल गईले। हालांकि पुलिस कार्यकर्ता के रोक लेलस जेकरा बाद कांग्रेस कार्यकर्ता अवुरी पुलिस के बीच झड़प हो गईल।

यूथ कांग्रेस के कार्यकर्ता के संगे बिहार कांग्रेस के प्रभारी शक्ति सिंह गोहिल, बिहार प्रदेश कांग्रेस कमिटी के अध्यक्ष मदन मोहन झा समेत कई विधायक अवुरी नेता मौजूद रहले।

बतावल जाता कि यूथ कांग्रेस के जुलूस पार्टी कार्यालय सदाकत आश्रम से निकलला के बाद यूथ कांग्रेस के कार्यकर्ता राजापुर पुल के जाम क देले। ओकरा बाद बोरिंग रोड पहुंचते प्रदर्शनकारी उग्र हो गईले। जेकरा बाद कार्यकर्ता हड़ताली मोड़ पहुंचे के कोशिश करे लगले।

ए बीच पुलिस पानी के बौछार क प्रदर्शनकारी के तितर बितर क देलस। हालांकि कार्यकर्ता तबहु पुलिस से भिड़े के कोशिश कईले अवुरी बैरिकैटिंग तुरल चहले। जेकरा बाद पुलिस के लाठीचार्ज करे के पड़ल।

यूथ कांग्रेस कार्यकर्ता के उत्साह बढ़ावे पहुंचल बिहार प्रदेश कांग्रेस कमिटी के अध्यक्ष मदन मोहन झा के कहनाम बा कि बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार भाजपा के संगे दिल्ली में सीट बंटवारा प 50/50 के समझौता करे में व्यस्त बाड़े आ बिहार में कानून व्यवस्था शून्य स्तर प आ गईल बा। संगही इहो कहले कि इ जवन नीतीश सरकार जनादेश के अपमान क के बनल बिया ओकरा से बिहार के लोग के अब भरोसा तक शून्य बाचल बा।

  • Share on:
Loading...