जदयू विधायक पार्टी से इस्तीफा देले, पुलिस-प्रशासन प अत्याचार के आरोप!

जदयू विधायक पार्टी से इस्तीफा देले, पुलिस-प्रशासन प अत्याचार के आरोप!

बिहार में जनता दल यूनाइटेड (जदयू) के विधायक श्‍याम बहादुर सिंह पार्टी से इस्तीफा दे देले। श्याम बहादुर सिंह सीवान जिला के पचरूखी में सरकारी जमीन के नीलामी होखे अवुरी एकर विरोध करेवाला गांव के लोग प पुलिस प्रशासन के कार्रवाई से नाराज होके विधायक पद से इस्तीफा दे देले।

बतावल जाता कि सिवान जिला के बड़हरिया विधानसभा क्षेत्र से जदयू विधायक श्याम बहादुर सिंह रविवार के रात में इस्तीफा लेके पार्टी के प्रदेश अध्यक्ष वशिष्ठ नारायण सिंह के घरे पहुंचले। हालांकि, पार्टी के प्रदेश अध्यक्ष वशिष्ठ नारायण सिंह के पटना में ना रहे के चलते उनुका से मुलाकात ना होखे सकल।

इस्तीफा के कारण बतावत श्याम बहादुर कहले कि पंचरूखी में बंद भईल सुगर फैक्ट्री प भू-माफिया के ओर से कब्जा कईल जात रहे। जब गरीब लोग एकर विरोध कईले त 100 से अधिका लोग प केस दर्ज क दिहल गईल। ए चलते उ अपना पद से इस्तीफा दे देले। विधायक ए मामला के जांच मुख्यमंत्री से करावे के मांग कईले।

श्याम बहादुर साफ कहले कि उ मरते दम तक कवनो दोसरा पार्टी में ना जईहे। उ कहले कि मुख्यमंत्री नीतीश कुमार प उनुका भरोसा बा। जदी नीतीश कुमार गरीब प भईल मुकदमा खत्म करवा देतारे त उ आपन इस्तीफा वापस ले सकतारे।

समूचा मामला में विधायक सीवान जिला प्रशासन प अत्याचार के आरोप लगावत कहले कि जिला प्रशासन अयीसना गरीब लोग प मुकदमा कईले बिया जवन भू-माफिया के विरोध करत रहले। श्याम बहादुर कहले कि बिहार में सुशासन बा, लेकिन कुछ लोग निमन काम नईखन करत।

  • Share on:
Loading...