बिहार में हत्या होखता आ नीतीश सीट बंटवारा में मशगूल बाड़े, दुष्प्रचार के कवनों प्रभाव ना पड़ी

बिहार में हत्या होखता आ नीतीश सीट बंटवारा में मशगूल बाड़े, दुष्प्रचार के कवनों प्रभाव ना पड़ी

बिहार में एनडीए के घटक दल के बीच सीट के बंटवारा के रविवार के औपचारिक तौर प घोषणा क दिहल गईल। एकरा प राजद विधायक भाई वीरेंद्र मुख्यमंत्री नीतीश कुमार प निशाना साधत कहले कि बिहार में लगातार हत्या होखता आ नीतीश कुमार सीट के बंटवारा में जुटल बाड़े।

पटना जिला के मनेर में भाई वीरेंद्र कहले कि बिहार में लगातार हत्या होखता अवुरी मुख्यमंत्री नीतीश कुमार सीट के बंटवारा में मशगूल बाड़े। अबकी बेर बिहार के जनता उनुका के धूर चटा दिही। 17 सीट में एकहू सीट नीतीश कुमार के ना मिली।

रामविलास पासवान प ताना मारत भाई वीरेंद्र कहले कि मौसम वैज्ञानिक के जनता सफाया क दिही। पासवान के खराब दिन के शुरूआत हो गईल बा। जानकारी के मुताबिक एनडीए में भाजपा-जदयू 17-17 सीट प अवुरी 6 सीट प लोजपा चुनाव लड़ी। रामविलास पासवान एनडीए के राज्यसभा सीट प चुनाव लड़िहे।

ए सभके बीच बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार रविवार के नई दिल्ली में राम मंदिर प बयान देत कहले कि राम मंदिर के मामला कोर्ट के फैसला चाहे आपसी सहमति से हल होखे के चाही। उ कहले कि हरेक पार्टी के आपन विचार होखेला लेकिन ए मामला प उनुकर पार्टी बहुत पहिले से इहे कहत आवतिया।

नीतीश कुमार विपक्षी दल प निशाना साधत कहले कि दुष्प्रचार के बिहार प कवनों प्रभाव ना पड़ी। सरकार न्याय के संगे विकास खाती प्रतिबद्ध बिया। उ कहले कि हमरा बिना कारण के बोले के आदत ना ह। कुछ लोग में सिर्फ बोले के आदत होखेला लेकिन हम आपन काम करेनी।

  • Share on:
Loading...