भाजपा मुंगेरी लाल के सपना मत देखे, जनादेश के चोरी करेवाला के बिहार में एकहू सीट ना मिली: तेजस्वी

भाजपा मुंगेरी लाल के सपना मत देखे, जनादेश के चोरी करेवाला के बिहार में एकहू सीट ना मिली: तेजस्वी

सीट बंटवारा के बाद एनडीए के दावा प पलटवार करत राजद नेता तेजस्‍वी यादव भारतीय जनता पार्टी प पलटवार कईले। तेजस्वी कहले कि भाजपा आवे वाला लोकसभा चुनाव से जुड़ल मुंगेरी लाल के सपना मत देखे। बिहार में एनडीए के एकहू सीट ना मिली। सीट के बंटवारा के खुलासा होखते एनडीए बिखर जाई।

मालूम रहे कि बिहार में लोकसभा के कुल 40 सीट में से भाजपा अवुरी जदयू 17-17 अवुरी लोजपा 6 सीट प चुनाव लड़ी। रविवार के ए बात के घोषणा भाजपा अध्‍यक्ष अमित शाह बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अवुरी लोजपा प्रमुख रामविलास पासवान के संगे सीट बंटवारा प बनल सहमति के बाद कईले।

नीतीश कुमार आ रामविलास पासवान के संगे बैठक के बाद अमित शाह घोषणा कईले कि जतना जल्दी हो सके, पासवान के राज्यसभा भेजल जाई। सत्तारूढ़ एनडीए पछिला बेर से अधिका मतलब 31 से अधिका सीट प जीत हासिल करी। उ भरोसा जतवले कि गठबंधन साल 2019 में फिर सत्ता में आई।

बिहार विधानसभा के नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव कहले कि जदयू अवुरी लोजपा के दु साल बाद प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से नोटबंदी प सवाल पूछे के फायदा मिलल बा। उ कटाक्ष करत कहले कि जनादेश चोरी के बादो भाजपा बिहार में अतना मजबूत भईल कि 22 वर्तमान सांसद होखला के बावजूद 17 सीट प चुनाव लड़ी अवुरी दु सांसद वाला नीतीश के पार्टी जदयू 17 सीट प चुनाव लड़ी। ए बात से साफ बा कि बिहार में एनडीए के हालत कतना खराब बा।

ऊहें तेजस्वी यादव के बयान प चुटकी लेत राज्य सरकार में भाजपा नेता मंत्री मंगल पांडे कहले कि महागठबंधन के नेता मुंगेरी लाल के हसीन सपना देखतारे। जबकि ओ लोग के मालूम बा कि उ जवना दिन सीट के बंटवारा करीहे ओहि दिन महागठबंधन टूट जाई। उ कहले कि कई नेता महागठबंधन के साथ छोड़ दिहे अवुरी ए चलते महागठबंधन के नेता सीट बंटवारा के मामला के जादे लंबा खींचतारे।

  • Share on:
Loading...