बिहार में मोदी सबसे बड़ ब्रांड, भाजपा-जदयू दुनो के एक दोसरा के जरूरत: भाजपा सांसद

बिहार में मोदी सबसे बड़ ब्रांड, भाजपा-जदयू दुनो के एक दोसरा के जरूरत: भाजपा सांसद

जईसे-जईसे साल 2019 के लोकसभा चुनाव नजदीक आवता बयानबाजी के सिलासिला लगातार शुरू हो गईल बा। बिहार भाजपा के सासंद कहले कि जईसे नीतीश कुमार के भाजपा के जरूरत बा ओसही भाजपा के नीतीश के जरूरत बा। दुनों के बीच में कवनो तरह के तुलना ना होखे के चाही।

भाजपा सांसद गोपाल नारायण सिंह कहले कि समूचा भारत निहन बिहार में नरेंद्र मोदी हमनी के प्रमुख ब्रांड होईहे। उ कहले कि जईसे भाजपा के नीतीश कुमार के जरूरत बा, ओसही नीतीश कुमार के भी भाजपा के जरूरत बा।

उ कहले कि बिहार में भाजपा अवुरी जदयू दुनों बराबर के हिस्सेदार बिया। ए चलते एकरा में कवनों तुलना ना होखे के चाही।

फिलहाल जदी ब्रांड के बात कईल जाए त नीतीश कुमार अवुरी नरेंद्र मोदी दुनों बिहार में ब्रांड बाड़े लेकिन भाजपा सासंद गोपाल नारायण के ए बयान से जदयू कतना सहमत बिया चाहे तनिकों नईखे इ त आवे वाला समय ही बताई।

उहें, बिहार जदयू अध्यक्ष सांसद वशिष्ठ नारायण सिंह मंगलवार के महागठबंधन प निशाना साधत कहले कि महागठबंधन में कवनो विजन नईखे। उ कहले कि महागठबंधन के लोग जनता के बीच 'जंगलराज' के दौर के कहानी लेके जईहे चाहे फेरु यूपीए के भ्रष्टाचार से पोताइल कार्यकाल के उपलब्धि के लेके जईहे। लेकिन अतना समझे के चाही जनता कईल काम प वोट देले, लेकिन ए लोग के भीरी कुछूओ ठोस नईखे बाचल।

  • Share on:
Loading...