बिहार में अपराधी बेलगाम, कारोबारी के गोली मार के हत्या

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार के वैशाली में बेखौफ अपराधी एगो कारोबारी के गोली मार के हत्या क देले। घटना सदर थाना के सर्किट हाउस के भीरी के बतावल जाता। मरेवाला के लाश अपराधी सड़क किनारा फेंक के फरार हो गईले। घटना के सूचना मिलते इलाका में कोहराम मच गईल।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक, पटना के ट्रांसपोर्टर दीनानाथ राय के अपराधी वैशाली में मंगलवार के रात में करीब 11 बजे गोली मार के हत्या क देले। पुलिस लाश के सदर थाना क्षेत्र के सर्किट हाउस के नजदीक से बरामद कईलस। घटनास्थल से पुलिस मरेवला के मोटरसाइकिल अवुरी हेलमेट बरामद कईलस। पुलिस के शक बा कि दोसरा जगह हत्या कईला के बाद अपराधी लाश के सर्किट हाउस के नजदीक फेंक के फरार हो गईले।

बतावल जाता कि दीनानाथ घटना वाला रात गोरौल से पटना आवत रहले। एही बीच सर्किट हाउस के भीरी पहिले से घात लगवले अपराधी उनुका प ताबड़तोड़ गोली चलावे लगले। दु गोली लगते दीनानाथ जमीन प गिर गईले। गंभीर रूप से घाही दीनानाथ के स्थानीय लोग अस्पताल लेके गईले जहां डॉक्टर मरल घोषित क देले।

जानकारी के मुताबिक, दीनानाथ के कार्यालय वैशाली जिला के गोरौल थाना क्षेत्र के सोंधो रत्ती गांव में बा। गोरौल थाना क्षेत्र के सोंधो रत्ती गांव के रामजी राय के बेटा दीनानाथ राय (35 साल) के पटना में कार्यालय जीरो माइल के भीरी रामजी ट्रांसपोर्ट के नाम से बा।

फिलहाल परिवार के बयान प प्राथमिकी दर्ज क पुलिस अपराधी के गिरफ्तारी में जुट गईल बिया।

  • Share on:
Loading...