गांव में भीषण आग लागे से एक बच्ची समेत पाँच जानवर के मौत, दर्जनो घर जर के खाक

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार के एगो गाँव में भीषण आग लागे से एगो बच्ची के जर के मौत हो गईल। आग अतना भीषण रहे कि देखते देखत दर्जनो घर के अपना चपेट में ले लेलस। जवान से करीब पाँच मवेशी के जर के मौत हो गईल।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक बिहार के अररिया जिला में भरगामा थाना क्षेत्र के बीरनगर पश्चिम गांव में रात में अचानक आग लाग गईल। आग लागत देख लोग के बीच भगदड़ मच गईल।

कहल जाता कि आग अतना भीषण रहे कि एकरा चपेट में आवे से 12 घर जर के खाक हो गईल। ए बीच घर में सुतल मो. मुर्तजा के दस साल के बेटी शाजदा घर के भीतरे फंसल रह गईली। जवना से बच्ची के मौत हो गईल। बच्ची के मौत से परिवार में मातम पसर गईल। बतावल जाता कि ए घटना में 5 मवेशी के झऊंसा के मौत हो गईल।

घटना के सूचना मिलला के बाद मौका प पहुंचल पुलिस लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खाती भेज देलस अवुरी मामला के छानबीन में जुट गईल। हालांकि, आग कईसे लागल एकरा बारे में अभी तक कवनों तरह के पता नईखे चले सकल।

  • Share on:
Loading...