बिहार में मकान ढहे से महतारी-बेटी समेत 5 लोग के दबा के दर्दनाक मौत, चार-चार लाख मुआवजा के घोषणा

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार के जहानाबाद में एगो मकान अचानक भरभरा के गिर गईल। जवना में दबा के महतारी-बेटी समेत पाँच लोग के मौत हो गईल। जबकि चार लोग दबा के गंभीर रूप से घाही हो गईले। डीएम आलोक रंजन घोष मरेवाला के परिवार के चार-चार लाख रुपया मुआवजा देवे के घोषणा कईले।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक जहानाबाद नगर थाना क्षेत्र के पंचमहला मोहल्ला में वरुण सोनार के पुरान मकान के छत गिर गईल। जवना के चपेट में आवे से चार लोग के जगहे प मौत हो गईल। जबकि एक आदमी के अस्पताल में इलाज के दौरान मौत हो गईल।

बतावल जाता कि वरुण सोनार आपन पुरान दु मंज़िला मकान के तूरवावत रहले। मकान के पीछे से तुरल जात रहे। ए बीच अचानक छज्जा भरभरा के गिर गईल। ए बीच रास्ता से होके जात काको थाना क्षेत्र के खालीसपुर निवासी अरविंद कुमार(25 साल), रामनगर मोहल्ला के गायत्री देवी(50 साल) उनुकर बेटी ट्विंकल कुमारी(15 साल) अवुरी मखदुमपुर थाना क्षेत्र के टेहटा निवासी रामविनय प्रसाद(35 साल) के जगहे प मौत हो गईल।

ए घटना में कुतवनचक रामनगर निवासी बैजनाथ प्रसाद के इलाज खाती पीएमसीएच पहुंचते मौत हो गईल। दुर्घटना में घाही यदुनंदन ठाकुर के पीएमसीएच भेज दिहल गईल, जबकि काको थाना क्षेत्र के भेलावर निवासी शैलेंद्र ठाकुर आ गया जिला के चाकंद निवासी राजेश ठाकुर के सदर अस्पताल में इलाज चलता।

घटना के जानकारी मिलते प्रशासन के वरिष्ठ अधिकारी मौका प पहुंचले। जिला अधिकारी (डीएम) आलोक रंजन घोष समेत वरिष्ठ पदाधिकारी अवुरी भारी संख्या में पहुंचल पुलिस बल राहत आ बचाव कार्य में जुट गईल।

जिला अधिकारी आलोक रंजन घोष चार लोग के मौत के पुष्टि करत मरेवाला के परिवार के 4-4 लाख रुपया मुआवजा देवे के घोषणा कईले।

  • Share on:
Loading...