महागठबंधन में सीट बंटवारा खरमास के चलते ना, संपत्ति आ जमीन के सौदाबाजी खाती रूकल बा

महागठबंधन में सीट बंटवारा खरमास के चलते ना, संपत्ति आ जमीन के सौदाबाजी खाती रूकल बा

जनता दल युनाइटेड (जदयू) के प्रवक्ता अवुरी विधान पार्षद नीरज कुमार कहले कि महागठबंधन में लोकसभा चुनाव खाती सीट बंटवारा अतना आसान नईखे। महागठबंधन में सीट बंटवारा खरमास के चलते ना, बालुक संपत्ति अवुरी जमीन के सौदाबाजी खाती रूकल बा।

नीरज कुमार कहले कि महागठबंधन के घटक दल के नेता ना सिर्फ जेल में बंद राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव से लोकसभा चुनाव खाती सीट बंटवारा के चर्चा करे खाती जईहे, बालुक उनुका के आपन जमीन चाहे संपत्ति देवे खाती एग्रीमेंट करवावे के पड़ी।

जदयू प्रवक्ता आगे कहले कि लालू प्रसाद घटक दल के प्रमुख दल राजद के अध्यक्ष हवे अवुरी इनकर राजनीतिक जीवन के इतिहास रहल बा कि जब उ रेल मंत्री रहले, तबहु उ होटल ठेका देवे खाती पटना में जमीन लेले रहले। अतने ना रेलवे में नौकरी देवे के नाम प गरीब लोग से जमीन लिखवावल गईल।

नीरज कहले कि सांसद आ विधायक खाती टिकट देवे खाती जमीन लिखवावे के लालू यादव के इतिहास रहल बा। अयीसना में आवे वाला चुनाव में टिकट लेवे वाला के आ महागठबंधन में शामिल घटक दल के नेता के जमीन अवुरी संपत्ति के एग्रीमेंट तैयार क लालू यादव से मिले के पड़ी।

नीरज कुमार दावा कईले कि महागठबंधन में सीट बंटवारा खरमास के चलते ना, बालुक संपत्ति अवुरी जमीन के सौदाबाजी खाती रूकल बा। उ कहले कि हमार सलाह बा कि कांग्रेस के अध्यक्ष राहुल गांधी, रालोसपा के उपेंद्र कुशवाहा सीट बंटवारा खाती जब जेल में बंद लालू यादव से मिले जईहे, तब आपन संपत्ति आ जमीन के ब्योरा लेके जईहे, जवना से उहां एग्रीमेंट करे सकस।

बिहार के उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी कहले कि राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव 1000 करोड़ रुपया के चारा घोटाला के चार मामला में सजायाफ्ता बाड़े। पार्टी जेकरा के विरोधी दल के नेता बनवलस, उ मनी लांड्रिंग अवुरी बेनामी संपत्ति के मामला में चार्जशीटेड होखला के बाद जमानत प बाड़े।

मोदी कहले कि अलकतरा घोटाला अवुरी नाबालिग से बलात्कार के अलग-अलग मामला में सजायाफ्ता होखला के चलते राजद के दु विधायक के साल 2018 में विधानसभा के सदस्यता गंवावे के पड़ल। राजद विरोधी दल के नेतृत्व के नैतिक अधिकार गंवा देले बिया।

  • Share on:
Loading...