सोशल मीडिया में 'तलवार' भांजेवाला 'बउआ' के हिम्मत नईखे कि भाई से नजर मिला सकस

सोशल मीडिया में 'तलवार' भांजेवाला 'बउआ' के हिम्मत नईखे कि भाई से नजर मिला सकस

राजद नेता तेज प्रताप यादव के पार्टी के कमान सम्हारे के बयान आवे के बाद पार्टी में सियासी हलचल बढ़ गईल। एकरा प जदयू प्रवक्ता नीरज कुमार नेता प्रतिपक्ष प ताना मारत कहले कि, सोशल मीडिया में 'तलवार' भांजतारे लेकिन हिम्मत नईखे होखत मात्र 'पार्टी' के दायित्व मांगे वाला भाई से नजर मिला सकस।

नीरज कुमार अपना ट्वीट में लालू प्रसाद यादव के दुनों बेटा तेज प्रताप यादव अवुरी तेजस्वी यादव के बीच 'युद्ध' जईसन हालात के संभावना जतवले। हालांकि, तेज प्रताप यादव पहिले से कह चुकल बाड़े कि उ आपन छोट भाई (तेजस्वी यादव) के मुख्यमंत्री बनावल चाहतारे।

राजद अध्यक्ष आ पिता लालू प्रसाद यादव से रांची में मिल के अईला के बाद से तेज प्रताप यादव एक ओर जहां पार्टी कार्यालय में जनता दरबार आयोजित करतारे, उहे दोसरा ओर सोशल मीडिया प सक्रिय हो गईल बाड़े।

जदयू प्रवक्ता नीरज कुमार ट्वीट में कहले कि कुरुक्षेत्र तैयार बा। उ तेजस्वी यादव प निशाना साधत कहले कि उ सोशल मीडिया में कैदी नं 3351 के 'बउआ' तलवार भांजतारे। लेकिन, हिम्मत नईखे होखत मात्र 'पार्टी' के कमान सम्हारे के जिम्मेवारी मांगे वाला भाई से नजर तक मिलावे सकस।

जदयू प्रवक्ता आगे कहले कि 'महाभारत' में भी 'वीर योद्धा' के 'कुरुक्षेत्र' में जाए से रोक दिहल रहे। अयीसना में 'युद्ध' के संभावना से इनकार नईखे कईल जा सकत।

  • Share on:
Loading...