दु गुट में होखत मारपीट छोड़ावे गईल पुलिस टीम प हमला, दारोगा समेत चार सिपाही घाही

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार में शिक्षा मित्र चुनाव से जुड़ल मामला में दु गुट आपस में भीड़ गईले। सूचना प पहुंचल पुलिस टीम प गांव के लोग हमला क देले जवना से दारोग समेत चार पुलिसकर्मी घाही हो गईले। ए बीच पुलिस के आपन जान बचावे खाती फायरिंग करे के पड़ल।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक, जहानाबाद जिला के काको थाना क्षेत्र के सातनपुर गांव के स्कूल में शिक्षा मित्र अवुरी सचिव के चुनाव से जुड़ल मामला में दु गुट आपस में भिड़ गईले। दुनों गुट के बीच मारपीट शुरू हो गईल।

सातनपुर गांव में दु गुट में मारपीट होखे के सूचना मिले प काको थाना प्रभारी संजय शंकर दल-बल के संगे सातनपुर गांव पहुंचले। उहां पहुंचला के बाद थाना प्रभारी संजय शंकर दुनों गुट के समझावे के कोशिश करत रहले।

एही बीच गांव के लोग भड़क गईले अवुरी पुलिस टीम प हमला बोल देले। गांव के लोग के ओर से अचानक हमला अवुरी पथराव करे जाए से थाना प्रभारी समेत चार पुलिसकर्मी घाही हो गईले। गांव के लोग के भड़कल देख के पुलिस के आपन जान बचावे खाती फायरिंग करे के पड़ल।

घटना के सूचना मिलला के बाद वरिष्ठ अधिकारी समेत भारी संख्या में पुलिस बल पहुँच गईल बिया। फिलहाल गांव में तनाव के माहौल बनल बा।

  • Share on:
Loading...