बिहार में पूर्व सरपंच के गोली मार के हत्या, एक घाही

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार के वैशाली जिला में पूर्व सरपंच आ व्यापारी के गोली मार के हत्या क दिहल गईल। बतावल जाता कि पूर्व सरपंच के घर प अपराधी हमला बोल के ताबड़तोड़ गोलीबारी शुरू क देले। गोली लागे पूर्व सरपंच आ व्यापारी ऋषिकेश कुमार के जगहे प मौत हो गईल। जबकि उनुकर चाचा गंभीर रूप से घाही हो गईले।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक, गुरुवार के रात में वैशाली जिला के जंदाहा थाना क्षेत्र के डीहबिचैली गांव निवासी व्यापारी ऋषिकेश कुमार के गोली मार के हत्या क दिहल गईल। मरेवाला एगो वॉटर प्लांट के मालिक आ पूर्व सरपंच रहले।

वैशाली जिला के पुलिस अधीक्षक मानवजीत सिंह ढिल्लो शुरुआत जांच में ए घटना के पीछे जमनी से जुड़ल विवाद के संभावना जतवले। उ कहले कि ऋषिकेश के गांव के ही एगो परिवार से जमीन के विवाद चलत रहे। जबकि मरेवाला के परिवार ए हमला के नक्सली घटना बतावता। फिलहाल पुलिस समूचा मामला के छानबीन करतिया।

  • Share on:
Loading...