सनकी पति अपना पत्नी के तलवार से कटला के बाद जियते जरा के मुआ देलस, गिरफ्तार

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार में एगो सनकी पति अपना पत्नी के तलवार से काटला के बाद किरासन तेल डाल के ओकरा के जियते जरा देलस। घटना के सूचना मिलते मौका प पहुंचल पुलिस अधजरल लाश के बरामद क पोस्टमार्टम खाती भेज देलस। पुलिस तुरंत कार्रवाई करत हत्यारा पति के गिरफ्तार क लेलस।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक औरंगाबाद जिला के गोह थाना क्षेत्र के गम्हारी गांव में गुरुवार के रात में लाल बहादुर चौधरी आपन पत्नी रिंकी देवी (27 साल) के तलवार से काट के जियते जरा देले। घटना के बीच दुनों बच्चा केहु तारे घर में लुका के आपन जान बचवले।

बतावल जाता कि रिंकू देवी आपन बेटी क्रांति कुमारी (10 साल) अवुरी विशाल गौरव (7 साल) के लेके अपना कमरा में सुतल रही। ए बीच रात के करीब नव बजे रिंकू के पति लाल बहादुर चौधरी आके पत्नी रिंकू के जगावे लगले। पिता के आवाज सुन के दुनों बच्चा भी जाग गईले।

लाल बहादुर आपन पत्नी से कहले कि हमरा पता लागल बा कि तु घर में सीसीटीवी कैमरा रखले बाडू, हम तीन तक गिनती गिनतानी, जल्दी से कैमरा हमरा के दे द नाही त तोहरा के काट देब। अतना कहते घर में राखल तलवार उठा के पत्नी के सिर प हमला क देले, जवना से रिंकू गिर के बेहोश हो गईली।

पति लाल बहादुर के अतना से मन ना भरल त तलवार से पत्नी के एगो हाथ के कलाई काट के अलगा क देले। ओकरा बाद घर में राखल किरासन तेल छिड़ के जियते जरा के मुआ देले। ए सभ घटना के बीच दुनों बच्चा डर के मारे घर के कोना में लुकाइल रहले।

घटना के सूचना मिलते गोह थाना पुलिस मौका प पहुंच के हत्यारा पति के गिरफ्तार क लेलस। पुलिस लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम करवला के बाद परिवार के सौंप देलस। फिलहाल हत्या के कारण के पता नईखे चले सकल। पुलिस समूचा मामला के छानबीन करत हत्या के कारण के पता लगावे के कोशिश करतिया।

  • Share on:
Loading...