शौच खाती घर से बहरी जात युवक के गोली मार के हत्या

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार में एगो युवक के बेखौफ अपराधी गोली मार के हत्या क देले। घटना के बाद अपराधी लाश छोड़ के फरार हो गईले। मौका प पहुंचल पुलिस लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खाती भेज के मामला के छानबीन में जुट गईल। घटना के बाद इलाका में दहशत के माहौल बन गईल।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक पटना के फतुहा इलाका में सोमवार के सबेरे बेखौफ अपराधी एगो करीब 18 साल के युवक के गोली मार के हत्या क देले।

बतावल जाता कि फतुहा इलाका के जयनंदनपुर में कुंदन कुमार अपना परिवार के संगे रहत रहले। कुंदन सोमवार के सबेरे घर से बहरी शोच खाती जात रहले। एही बीच पहिले से मौका के तलाश में घात लगवले अपराधी कुंदन के देखते ताबड़तोड़ गोली चलावे लगले। युवक के सिर में गोली लगते जगहे प मौत हो गईल। जेकरा बाद अपराधी उहाँ से फरार हो गईले।

घटना के सूचना मिलला के बाद मौका प पुलिस लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खाती भेज के मामला के छानबीन में जुट गईल। फिलहाल हत्या के कारण के पता नईखे चले पावल।

  • Share on:
Loading...