महिला के बेरहमी से हत्या, खून से सनाइल लाश बरामद, इलाका में दहशत

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार के सीवान जिला में सड़क किनारा एगो महिला के लाश मिले से इलाका में सनसनी पसर गईल। लाश मिले के सूचना प पहुंचल पुलिस लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खाती भेज देलस अवुरी घटना के बारे में पता लगावे खाती जांच शुरू क देलस। घटना सिवान जिला के हुसैनगंज थाना क्षेत्र के बतावल जाता।

जानकारी के मुताबिक, सिवान जिला के हुसैनगंज थाना क्षेत्र के खैराती गांव के खेत में एगो महिला के लाश पावल गईल। मरेवाली महिला के पहचान लालसा देवी के रूप में भईल बा। बतावल जाता कि महिला सोमवार के सबेरे शौच खाती घर से बहरी गईल रहली। ओहि समय अपराधी बेरमही से हत्या क देले। महिला के शरीर प जगह-जगह चाकू से काटल निशान पावल गईल बा।

जानकारी के मुताबिक महिला शौच खाती घर से बहरी गईल रही। जब उ बहुत देर तक वापस घरे ना अईली त महिला के पति खोजे खाती खेत के ओर गईले। एही बीच महिला के लाश खून से सनाइल खेत में पड़ल देखाई देलस। लाश मिलते घर में कोहराम मच गईल। मरेवाली महिला के तीन छोट-छोट बच्चा बाड़े।

लाश मिले के खबर मिलते पुलिस जगहा प पहुँच के लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खाती भेज देलस। फिलहाल पुलिस घटना के पीछे के कारण के पता लगावे के कोशिश करतिया।

  • Share on:
Loading...