राजद लोकसभा चुनाव में नीतीश-मोदी सरकार के उखाड़ फेंकी, भाजपा 'नागपुरी कानून' के लागू कईल चाहतिया

राजद लोकसभा चुनाव में नीतीश-मोदी सरकार के उखाड़ फेंकी, भाजपा 'नागपुरी कानून' के लागू कईल चाहतिया

आवेवाल लोकसभा चुनाव खाती सभे पार्टी अपना-अपना तैयारी में जुट गईल बिया। चुनाव के ध्यान में राखत राष्ट्रीय जनता दल (राजद) के नेता तेजस्वी यादव रविवार के पटना में अपना आवास प खास बैठक बोलवले, जवना में 10 जिला के विधायक के संगे विधान पार्षद अवुरी पार्टी के कई बड़का नेता शामिल भईले। बैठक के बाद पार्टी के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष रघुवंश प्रसाद सिंह कहले कि राजद चुनावी लड़ाई खाती तैयार हो गईल बिया।

रघुवंश प्रसाद कहले कि राजद लोकसभा चुनाव में नीतीश कुमार अवुरी केंद्र के नरेंद्र मोदी सरकार के उखाड़ फेंकी। एकरा खाती पार्टी बूथ स्तर प संगठन के मजबूत करे में जुट गईल बिया।

उ कहले कि जनता के पार्टी से जोड़े खाती राजद ग्रामीण विकास संघर्ष समिति के गठन करी, जवन बूथ स्तर प संगठन के पहिले से जादे मजबूत करी। महागठबंधन में सीट बंटवारा प रघुवंश कहले कि बैठक में सीट प कवनों तरह के चर्चा नईखे भईल। सीट प फैसला पार्टी के बड़का नेता मिल बईठ के तय करीहे।

रघुवंश प्रसाद आगे कहले कि 24 जनवरी के पटना के मिलर स्कूल के ग्राउंड में पार्टी कर्पूरी ठाकुर के जयंती मनाई। एक महीना तक जयंती पखवारा होई। उहे, राजद के बैठक प विधायक अख्तरुल इस्लाम शाहीन कहले कि बूथ स्तर तक पार्टी के मजबूत करे खाती इ बैठक बोलावल गईल रहे।

राजद अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव के छोट बेटा आ नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव रविवार के उत्तर प्रदेश के लखनऊ पहुँच के बहुजन समाज पार्टी के अध्यक्ष मायावती से उनुका आवास प मुलाकात कईले। तेजस्वी यादव सपा-बसपा के गठबंधन प खुशी जतावत कहले कि उत्तर प्रदेश में भाजपा एकहू सीट ना जीते पाई।

तेजस्वी कहले कि अब उत्तर प्रदेश अवुरी बिहार से भारतीय जनता पार्टी के सफाया होई। उ कहले कि आज अयीसन माहौल बा, जहां उ (भाजपा) बाबा साहेब के संविधान के मेटावल चाहतिया अवुरी 'नागपुरी कानून' के लागू कईल चाहतिया।

  • Share on:
Loading...