संविधान विरोधी भाजपा के उलटी गिनती शुरू, यूपी-बिहार से सफाया तय: तेजस्वी यादव

संविधान विरोधी भाजपा के उलटी गिनती शुरू, यूपी-बिहार से सफाया तय: तेजस्वी यादव

उत्तर प्रदेश में समाजवादी पार्टी अवुरी बहुजन समाज पार्टी के गठबंधन के घोषणा के बाद बिहार के पूर्व उपमुख्यमंत्री तेजस्वी यादव रविवार के बसपा सुप्रीमो मायावती से मुलाक़ात के बाद सोमवार के समाजवादी पार्टी के अध्यक्ष अखिलेश यादव से मुलाक़ात कईले। ए दौरान तेजस्वी यादव पत्रकारन के संबोधित कईले।

तेजस्वी यादव पत्रकारन के संबोधित करत कहले कि उत्तर प्रदेश, बिहार अवुरी झारखंड से भाजपा साफ हो जाई। बिहार में लोग के भाजपा ठगले बिया। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बिहार के पैकेज देवे आइल रहले। विशेष पैकेज से एकहू पईसा अभी तक ना देले। प्रधानमंत्री बिहार के विशेष राज्य के दर्जा ना देले। डबल इंजन के सरकार बिहार खाती कुछ नईखे कईले।

नेता तेजस्वी यादव कहले कि उत्तर प्रदेश में सपा आ बसपा के बीच गठबंधन खाती हम अखिलेश यादव आ मायावती जी के धन्यवाद देतानी। उ कहले कि भाजपा के खिलाफ इ गठबंधन देश के राजनीति के दिशा आ दशा तय करी। उ कहले कि भाजपा त संविधान के हत्या करने करेवाली पार्टी ह। संविधान विरोधी पार्टी के लोकसभा चुनाव में अब त उत्तर प्रदेश के संगही बिहार में सफाया हो जाई।

तेजस्वी कहले कि ए संविधान विरोधी पार्टी के उलटी गिनती शुरू हो गईल बा। उ कहले कि नागपुरिया कानून से देश चलावल जाता। भाजपा के नेता बंच ऑफ थॉट्स किताब के संविधान के जगह राखल चाहतारे।

राजद नेता आगे कहले कि देश में अघोषित आपातकाल के माहौल बा। संवैधानिक संस्थाआ के तानाशाही क के अपना फायदा खाती चलावल जाता। उ कहले कि देश में बेरोजगारी बढ़ल बा। किसान मरतारे।

उ कहले कि भाजपा देश के लोग के धर्म आ जाति के नाम प लड़ा के आपन उल्लू सीधा करतिया। अब लोग के समूचा साजिश के पता चल गईल बा। भाजपा के सरकार में मॉब लिंचिंग में बढ़ोतरी भईल बा।

तेजस्वी यादव आगे कहले कि आवेवाला चुनाव में गठबंधन के समर्थन मिली। देश में यूपी के गठबंधन के संदेश गईल बा। केंद्र सरकार के मुख्य रास्ता यूपी आ बिहार से जाला। उ कहले यूपी, बिहार अवुरी झारखंड से भाजपा साफ हो जाई।

राजद नेता तेजस्वी यादव कहले कि सीबीआई अवुरी ईडी अब एजेंसी नईखे बाचल, इ भाजपा के गठबंधन सहयोगी हो गईल बिया। लालू जी सिर्फ ए चलते जेल में बाड़े काहेकि मोदी जी उनुका (लालू यादव) के एगो खतरा निहन देखेले।

  • Share on:
Loading...