पुलिस के चुनौती देत नक्सली 2 लोग के जान लिहले, एक महिला घाही

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार के जमुई जिला में दु लोग के गोली मार के हत्या क दिहल गईल। दुनों प नक्‍सली पुलिस खाती मुखबिरी करे के आरोप लगावत गोली मार देले जवना से दुनों के जगहे प मौत हो गईल। ए हमला में एक महिला गंभीर रूप से घाही हो गईली, जेकरा के इलाज खाती अस्पताल में भर्ती करावल गईल। घटना के जानकारी मिलते पुलिस मौका प पहुंच के मामला के जांच पड़ताल में जुट गईल।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक जमुई जिला के चकाई थाना क्षेत्र के गुरुदबाद गांव में मंगलवार के रात में नक्सली हमला बोलत पुलिस मुखबिरी के शक होखे प दु लोग के गोली मार के हत्या क देले।

मरेवाला के नाम मोहम्मद उस्मान अंसारी (40 साल) अवुरी मोहम्मद गुलाम (38 साल) बतावल जाता। घटना के दौरान अपना पति के बचावे के दौरान मरेवाला मोहम्मद उस्मान के पत्नी सबरीन खातून के नक्सली गोली मार देले। गोली लागे से गंभीर रूप से घाही महिला के इलाज खाती चकाई रेफरल अस्पताल में भर्ती करावल गईल।

बतावल जाता कि घटना के बाद नक्सली घटनास्थल प पर्चा छोड़ गईले। जवना में लिखल बा कि 'पुलिस खाती मुखबिरी करे के इहे अंजाम होखेला।'

घटना के बारे में चकाई थाना प्रभारी चंदेश्वर पासवान बुधवार के बतवले कि मंगलवार के रात में करीब 12 बजे आठ हथियारबंद माओवादी दस्ता घर में घुस के बरमोरिया पंचायत के ग्राम कचहरी सचिव मोहम्मद उस्मान अवुरी उनुकर पड़ोसी मोहम्मद गुलाम के गोली मार के हत्या क देले।

गांव के दु लोग के हत्या कईला के बाद नक्सली दस्ता मौका से फरार हो गईले। मौका से मिलल पर्चा के आधार प स्थानीय पुलिस सूत्र के मुताबिक इ हथियारबंद दस्ता प्रतिबंधित नक्सली संगठन भाकपा माओवादी के रहे। फिलहाल पुलिस घटना के जांच पड़ताल करतिया।

  • Share on:
Loading...