बिहार में बेखौफ अपराधी लूटपाट के दौरान दु भाई के गोली मरले, एक के मौत

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार के वैशाली जिला में बेखौफ अपराधी लूटपाट के दौरान दु लोग के गोली मार देले। जवना में एक आदमी के जगहे प मौत हो गईल अवुरी एक गंभीर रूप से घाही हो गईल, जेकरा के इलाज खाती अस्पताल में भर्ती करावल गईल। घटना हाजीपुर के नगर थाना के मड़ई युसुफपुर रोड के बतावल जाता।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक वैशाली जिला के हाजीपुर नगर थाना क्षेत्र के युसूफपुर मोहल्ला के रहेवाला प्रोफेसर अनिल कुमार आपन चचेरा भाई अंगद कुमार के संगे हाजीपुर स्टेशन से घरे आवत रहले। अंगद कुमार सहरसा जिला के कविलासी शौर्य बाजार के रहेवाला हवे। बतावल जाता कि दुनो सहरसा से आवत रहले अवुरी हाजीपुर स्टेशन प ट्रेन से उतर के दुनों रिक्शा से घरे आवत रहले।

एही बीच रिक्शा सवार दुनों लोग से बदमाश मड़ई चौक प प्रोफेसर अनिल कुमार अवुरी उनुकर चचेरा भाई अंगद कुमार से मारपीट क लैपटॉप आ बाकी सामान छीने लगले। विरोध करे प अपराधी दुनों भाई प गोली चला देले। गोली लागे से अंगद कुमार के जगहे प मौत हो गईल, जबकि, प्रोफेसर अनिल कुमार गंभीर रूप से घाही हो गईले। जेकरा के इलाज खाती सदर अस्पताल में भर्ती करावल गईल। जहां से डॉक्टर पटना पीएमसीएच रेफर क देले।

घटना के सूचना मिलला के बाद मौका प पहुंचल पुलिस लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खाती भेज देलस अवुरी अपराधी के पता लगावे के कोशिश करतिया।

  • Share on:
Loading...