पत्नी, सास अवुरी साली प तेजाब से हमला, हालत गंभीर, आरोपी फरार

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार के बेगूसराय जिला में एगो तलाकशुदा पति अपना पत्नी, सास अवुरी साली प तेजाब फेंक देलस। ए हमला में सास गंभीर रूप से घाही हो गईल। जेकरा के इलाज खाती अस्पताल में भर्ती करावल गईल। मामला दर्ज होखला के बाद पुलिस आरोपी के तलाश में जुट गईल।

घटना बेगूसराय जिला के छौराही के अमारी गांव के बतावल जाता। परिवार के बयान प पुलिस आरोपी शमशाद समेत 3 लोग के खिलाफ केस दर्ज क आरोपी पति के तलाश करतिया।

जानकारी के मुताबिक, साल 2017 में अमारी गांव निवासी नाजिया परवीन के बियाह रोसरा के शमशाद अंसारी के संगे भईल रहे। आपसी विवाद के चलते पछिला साल अक्टूबर में दुनों के बीच तलाक हो गईल। ओकरा बाद से नाजिया अपना नईहर में रहत रही।

बतावल जाता कि मंगलवार के भोर में करीब चार बजे शमशाद अपना दु साथी संगे ससुराल पहुंचले। उहाँ पहुंचला के बाद घर के पीछे के रास्ता से उ घर में घुस गईले अवुरी कमरा में सुतल सास नुसरत खातून प तेजाब फेंक देले। महतारी के बचावे पहुंचल नाजिया अवुरी उनुका बहीन मेहनाज प शमशाद तेजाब फेंक के उहाँ से फरार हो गईले। ए हमला में तलाकशुदा पत्नी, सास अवुरी साली घाही हो गईली।

घटना के बारे में डीएसपी सूर्य कुमार देव बतवले कि पुलिस समूचा मामला के जांच पड़ताल करत आरोपी के गिरफ्तारी के कोशिश करतिया।

  • Share on:
Loading...