छात्रा से सरेआम छेड़खानी, विरोध करे प पेट्रोल डाल के जरावे के कोशिश

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार में बाइक सवार युवक एगो छात्रा से सरेआम छेड़खनी करे लगले, जवना के विरोध करे प युवक छात्रा के पकड़ के मारपीट करे लगले अवुरी पेट्रोल डाल के जरावे के कोशिश कईले। छात्रा के शोर मचावे प स्थानीय लोग जुट गईले अवुरी आरोपी के पकड़ के पीटाई शुरु क देले।

जानकारी के मुताबिक, मुजफ्फरपुर जिला के सिवाइपट्टी थाना क्षेत्र के खेमकरण पकड़ी गांव के नजदीक दु बाइक सवार चार युवक एडिमट कार्ड लेके घरे जात छात्रा के जबर्दस्ती बाइक प बईठावे के कोशिश करे लगले। छात्रा के ओर से विरोध करे प युवक बाइक से पेट्रोल निकाल के ओकरा प छिड़क के जरावे के कोशिश कईले।

बतावल जाता कि शिवहर के तरयानी थाना के एगो गांव के लईकी अपना ननिहाल में रह के पढ़ाई करेले। छात्रा के ननिहाल सिवाइपट्टी थाना के एगो गांव में बा। मंगलवार के मैट्रिक परीक्षा के प्रवेश पत्र ( एडिमट कार्ड) लेवे खाती उ अपना सहेली के संगे टगरारी के धनराज उच्च विद्यालय गईल रहे। स्कूल से एडिमट कार्ड लेके छात्रा साइकिल से घरे आवत रहे।

एही बीच दु बाइक प सवार चार युवक पीछा करे लगले अवुरी खेमकरण पकड़ी गांव में चारों युवक ओकरा के घेर के छेड़खानी करे लगले। संगही लईकी के अपना बाइक प जबर्दस्ती बईठावे के कोशिश करे लगले। इहाँ तक कि विरोध करे प युवक लईकी संगे मारपीट शुरू क देले। ओकरा बाद बाइक से पेट्रोल निकाल के ओकरा प डाल देले।

लईकी के ओर से शोर मचावे प आवाज सुन के स्थानीय लोग जुट गईले अवुरी मुख्य आरोपी टगरारी के धपहर गांव के अर्जुन सहनी के दबोच लिहले अवुरी मारपीट शुरू क देले। ए बीच आरोपी के दु साथी भीड़ में घुस गईले अवुरी मौका के फायदा उठा के आरोपी के अपना संगे बाइक प लेके निकल गईले।

घटना के बाद पीड़ित छात्रा सिवाइपट्टी थाना में प्राथमिकी दर्ज करावत अर्जुन सहनी, राहुल कुमार, अमरजीत कुमार समेत एगो अनाम युवक के आरोपित कईलस। प्रभारी थानाध्यक्ष रामजी राय बतवले कि पुलिस मामला के जांच पड़ताल करतिया।

  • Share on:
Loading...