महागठबंधन में रार शुरू, राजद के बराबर सीट के मांग प कांग्रेस अड़ल!

महागठबंधन में रार शुरू, राजद के बराबर सीट के मांग प कांग्रेस अड़ल!

महागठबंधन में लोकसभा चुनाव खाती सीट बंटवारा प बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी के बाद अब कांग्रेस सम्मानजनक सीट के मांग कईलस। हिंदुस्‍तानी अवाम मोर्चा (हम) के राष्ट्रीय अध्यक्ष आ पूर्व मुख्यमंत्री जीतन राम मांझी मंगलवार के खुलासा कईले रहले कि कांग्रेस 19 सीट मांगतिया। अब बुधवार के कांग्रेस विधायक अजीत शर्मा दावा कईले कि राजद के बराबर सीट के कांग्रेस पूरा तरह से हकदार बिया।

कांग्रेस विधायक अजीत शर्मा दावा कईले कि कांग्रेस अधिका ना बालुक राजद के बराबर सीट मांगतिया। उ कहले कि ए बात के जानकारी पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष राहुल गांधी के दे दिहल बा।

अजीत शर्मा कहले कि कांग्रेस महागठबंधन में राजद के बराबर सीट के हकदार बिया। उ दावा कईले कि कांग्रेस हरेक प्रमंडल में आपन उम्मीदवार खड़ा करी। एकरा में छोट प्रमंडल में एक अवुरी बड़का में दु म्मीदवार खड़ा कईल जाई।

कांग्रेस विधायक पड़ोसी राज्य झारखंड के उदाहरण देत आगे कहले कि उहां कांग्रेस अवुरी भाजपा में टक्कर भईल रहे, एकरा में झारखंड मुक्ति मोर्चा कतहु ना रहे। एही तर्ज प बिहार में कांग्रेस अब पीछे ना हटी।

एने, राजद विधायक भाई वीरेंद्र पलटवार करत कहले कि जवन विधायक ए तरह के मांग करतारे, उ भाजपा अवुरी जनता दल यूनाइटेड (जदयू) से मिलल बाड़े। उ दावा कईले कि कांग्रेस के शीर्ष नेतृत्व से राजद के शीर्ष नेतृत्व से बात होखता, सीट बंटवारा में कतहु कवनो तरह के परेशानी ना होई।

हालांकि, कांग्रेस के मांग अकेले नईखे। बाकी दल भी सीट खाती आपन मांग राख़ के राजद के उलझन बढ़ा देले बिया। अयीसना में महागठबंधन में सीट बंटवारा प पेंच खत्म होखत देखाई नईखे देत।

  • Share on:
Loading...