गंगा मईया बोलावेली त डूबाइयो देली, पलटू राम के सरकार कोमा में चल गईल बिया

गंगा मईया बोलावेली त डूबाइयो देली, पलटू राम के सरकार कोमा में चल गईल बिया

राजद प्रमुख लालू प्रसाद यादव के बड़ बेटा अवुरी बिहार के पूर्व स्वास्थ्य मंत्री तेजप्रताप यादव प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी प निशाना साधत कहले कि मोदी जी अवुरी भगवा रंग वाला लोग सिर्फ राम जी के नाम प राजनीति करतारे। आज तक उनुका ऊपर एगो छतरी डाले के कोशिश ना कईले।

तेजप्रताप प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी प ताना मारत कहले कि गंगा मईया सिर्फ एक बेर बोलावेली, दुबारा डूबा देली। उ कहले कि साल 2014 के लोकसभा चुनाव में नरेंद्र मोदी बनारस(वाराणसी) में कहले रहले कि, "हमरा के गंगा मईया बोलवले बाड़ी। ओकरा बाद प्रधानमंत्री मोदी बनारस से चुनाव जीतला के बाद सफाई अभियान शुरू कईले। शायद मोदी जी के ए बात के अंदाजा नईखे कि गंगा मईया सिर्फ एक बेर बोलावेली अवुरी दुबारा डूबाइयो देली।"

मंगलवार के पटना जिला के मनेर थाना क्षेत्र में एगो जनसभा के संबोधित करत तेजप्रताप यादव कहले कि अबकी बेर जनता केंद्र अवुरी राज्य के एक संगे बहुते निमन से सफाई करी। ए दौरान उ आपन छोट भाई तेजस्वी यादव के बिहार के गद्दी देवे के बात कहले।

तेजप्रताप अपना भाषण में भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) प बरियार निशाना साधत कहले कि आवेवाला लोकसभा चुनाव में भाजपा के पटकनी देवे के बा। आपन पिता लालू यादव के अंदाज में मंच से बोलत तेजप्रताप कहले कि अर्जुन (तेजस्वी यादव) हमार छोट भाई हवे। उ कहले कि जदी बिहार के जनता तेजस्वी के गद्दी प बईठावल चाहतिया त भाजपा के बिहार से भगावे के पड़ी। एकरा खाती जनता के आपन वोट राजद के देवे के पड़ी।

अपना भाषण के दौरान तेजप्रताप राज्य अवुरी केंद्र सरकार प जम के हमला बोलले। उ नीतीश सरकार प कटाक्ष करत कहले कि राज्य में लूट, हत्या अवुरी बलात्कार जईसन घटना में बढ़ोतरी भईल बा। उ मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के पलटू राम कहत कहले कि हमार लड़ाई आरएसएस अवुरी भाजपा से बा ना कि पलटू राम(नीतीश कुमार) से। उ कहले कि पलटू राम के सरकार अब कोमा में चल गईल बिया। नीतीश कुमार के आत्मा सुत गईल बिया।

  • Share on:
Loading...