नक्सली अवुरी सीआरपीएफ के बीच मुठभेड़, बम विस्फोट में दारोगा शहीद

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार के गया जिला में नक्सली के संगे भईल मुठभेड़ में कोबरा बटालियन के सब-इंस्पेक्टर रौशन कुमार शहीद हो गईले। जानकारी के मुताबिक डुमरिया के छकरबंदा इलाका के जंगल में नक्सली के जमावड़ा के सूचना मिले प सर्च ऑपरेशन करे खाती कोबरा अवुरी सीआरपीएफ के टीम गईल रहे। ए बीच नक्सली संगे भईल मुठभेड़ में कोबरा बटालियन के सब-इंस्पेक्टर रौशन कुमार मारल गईले।

बतावल जाता कि मुठभेड़ के बाद इलाका से नक्सली भाग गईले। ए बीच नक्सली के ओर से छिपा के राखल तीन आईडी बम बरामद भईल। बम के बरामद करे के दौरान एगो बम विस्फोट हो गईल जवना में कोबरा के सब-इंस्पेक्टर रौशन कुमार घाही हो गईले। ब्‍लास्‍ट में घाही होखे के सूचना के बाद उनुका के गया से इलाज खाती पटना भेजल गईल। लेकिन गंभीर रूप से घाही सब-इंस्पेक्टर रौशन कुमार के इलाज के दौरान मौत हो गईल।

ओने, घटना के चलते औरंगाबाद आ गया के मेडिकल टीम के अलर्ट क दिहल बा। मदनपुर आ गया के आमस सरकारी अस्पताल में एंबुलेंस तैनात क दिहल बा। घटना के देखत औरंगाबाद के ओर से जिला पुलिस के संगे सीआरपीएफ आ एसटीएफ के जवान के जंगल भेजल गईल।

नक्सली मुठभेड़ के दौरान बम विस्फोट में शहीद दारोगा लखीसराय जिला के मूल निवासी रहले। लखीसराय जिला के रामगढ़चौक थाना के तहत गरसंडा गांव के रहेवाला रौशन के 11 दिन पहिले दिल्‍ली से गया तबादला भईल रहे। उनुका मौत के खबर फैलते परिवार समेत गांव में मातम पसर गईल।

  • Share on:
Loading...