अपराध बिहार में होखता अवुरी नीतीश लंदन के बात करतारे: राबड़ी देवी

अपराध बिहार में होखता अवुरी नीतीश लंदन के बात करतारे: राबड़ी देवी

बिहार में लगातार अपराध में होखत बढ़ोतरी प बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी नीतीश सरकार प निशाना साधत कहली कि अपराध बिहार में होखता अवुरी मुख्यमंत्री नीतीश कुमार लंदन के बात करतारे।

विधान परिषद के कार्यवाही में भाग लेवे पहुंचल राबड़ी देवी मुख्यमंत्री नीतीश कुमार प जम के हमला बोलल। उ कहली कि अपराध बिहार में होखता अवुरी मुख्यमंत्री लंदन के बात करतारे।

राबड़ी बढ़त अपराध प नीतीश सरकार के घेरत कहली कि राज्य में अपराधी लोग के घर में घुस के हत्या करतारे अवुरी मुख्यमंत्री कहतारे कि इंग्लैण्ड में कईसे हत्या होखता। राबड़ी आगे कहली कि अपराध बढ़े प नीतीश कुमार इंगलैण्ड के बात करतारे कि इंग्लैण्ड में अपराधी आके गोली मार के भाग जाला, हम पूछतानी कि बिहार में का होखता? एहिजो त अपराधी आवता अवुरी घर में घुस के हत्या कईला के बाद आराम से भाग जाता।

राबड़ी देवी कहली कि मुख्यमंत्री नीतीश कुमार राज्यपाल के अभिभाषण प चर्चा कईला के बजाए इंग्लैण्ड के बात करतारे, अब उनुका के बिहार के जनता इंग्लैण्ड के बात कईल सीखा दिही।

राबड़ी देवी कहली कि अयीसन लागता कि राज्य में सरकार नईखे चलत। महिला के इज्जत सुरक्षित नईखे। कानून- व्यवस्था नाम के चीज नईखे। जल-नल में घोटाला बा, शिक्षा में घोटाला बा। स्वास्थ्य विभाग पूरा तरह से ध्वस्त बा। एकरा संगही उ कहली कि हम मीडिया में चलत खबर के मुताबिक बोलतानी। मीडिया रोज देखावतिया, जदी झूठ बा त मीडिया प कार्रवाई होखे।

मालूम रहे कि विधानमंडल के मौजूदा सत्र में राजद दुनों सदन में सरकार के खिलाफ लगातार हमला करतिया अवुरी कानून व्यवस्था के मुद्दा के लगातार उठावतिया।

  • Share on:
Loading...