डीजे बजावे के चलते भईल विवाद अवुरी लूटपाट के विरोध प महिला समेत दु लोग के हत्या, इलाका में तनाव

फाइल फोटो

फाइल फोटो

बिहार में डीजे बजावे के चलते भईल विवाद में एगो महिला के तलवार से काट के हत्या क दिहल गईल। जबकि लूटपाट के विरोध करे प अपराधी एगो युवक के गोली मार के जान ले लिहले। ए घटना के बाद से गांव में तनाव के माहौल बनल बा।

जानकारी के मुताबिक बिहार के मुजफ्फरपुर जिला में डीजे बजावे के चलते भईल विवाद में एगो महिला के हत्या क दिहल गईल। घटना मुजफ्फरपुर जिला के कुढ़नी थाना के तुर्की उपथाना क्षेत्र के लदौरा तेलिया टोला के बतावल जाता।

घटना के बारे में मिलल जानकारी के मुताबिक गांव से मूर्ति विसर्जन क पड़ोस के गांव के कुछ युवक पिकअप वैन प लागल डीजे बजावत जात रहले। जसही डीजे वाला पिकअप वैन देवेंद्र साह के दरवाजा प पहुंचल डीजे बाजल बंद हो गईल लेकिन पड़ोस के गांव के युवक देवेंद्र प जबरदस्ती डीजे बजावे खाती दबाव बनावे लगले।

बस का रहे एही बात प युवक अवुरी देवेंद्र के बीच कहासुनी शुरू हो गईल। जेकरा बाद पड़ोस के युवक मिल के देवेंद्र के मारे पीटे लगले। जवना चलते आपन जान बचावे खाती देवेंद्र अपना घर में घुसे के कोशिश कईले लेकिन युवक उनुका के खदेड़ के पकड़ लिहले।

ए बीच देवेंद्र के महतारी शांति देवी उहां पहुंचल गईली अवुरी आपन बेटा के बचावे के कोशिश करे लगली। ए दौरान खीस से तमतमाइल युवक उनुका प तलवार से हमला क देलस जवना से देवेंद्र के महतारी शांति देवी ( 60 साल) के जगहे प मौत हो गईल। बतावल जाता कि ए घटना में महिला के बेटा, पतोह अवुरी पोती गंभीर रूप से घाही हो गईले।

घटना से खिसियाईल गांव के लोग हत्या के आरोपित तीनों युवक के पकड़ लिहले अवुरी बरियार मार मरले। घटना के सूचना प पहुंचल पुलिस तीनों युवक के हिरासत में ले लिहलस। ए घटना के बाद गांव में तनाव के माहौल बनल बा।

एगो दोसर घटना में बिहार के नालंदा जिला में लूटेरा एगो युवक के गोली मार के हत्या क देले। घटना नालंदा थाना क्षेत्र के कुंडलपुर रोड के बतावल जाता। जानकारी के मुताबिक बुधवार के रात में बेखौफ लूटेरा लूटपाट के विरोध करे प युवक के गोली मार के मुआ देले।

मरेवाला युवक दीपनगर के कोरई गांव निवासी योगेंद्र यादव के बेटा गुलशन कुमार (18 साल) रहले। बतावल जाता कि युवक बिहारशरीफ के गढ़पर मोहल्ला में किराया प रह के पढ़ाई अवुरी डेकोरेशन के काम करत रहे। बुधवार के रात में उ अपना एगो साथी के संगे मोटरसाइकिल से गांव आवत रहे।

एही बीच पहिले से घात लगवले हथियारबंद अपराधी सड़क प पोल गिरा देले अवुरी युवक से लूटपाट करे लगले। लूटेरा पर्स अवुरी मोबाइल छीने के कोशिश कईले जवना के विरोध करे प लूटेरा युवक के गोली मार के जान ले लिहले।

ए घटना के बीच मरेवाला युवक के साथी मोटरसाइकिल लेके उहाँ से भाग गईल अवुरी परिवार के घटना के बारे में बतवलस। घटना के जानकारी मिलते युवक के परिवार अवुरी गांव के लोग जगहा प पहुंचले अवुरी घाही युवक के इलाज खाती अस्पताल ले गईले, जहां डॉक्टर मरल घोषित क देले।

  • Share on:
Loading...